[the_ad_group id="30365"]

म्यांमार के बाद भारत के एगो अउरी पड़ोसी देश में जोरदार भूकंप, जानीं केतना रहल तीव्रता

भूकंप
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के पड़ोसी देश अफगानिस्तान में आइल भूकंप के चलते लोग के घर से बाहर आवे के पड़ल. राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र के मुताबिक शनिचर के सबेरे 5:16 बजे अफगानिस्तान में तेज भूकंप के झटका महसूस भईल। एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 4.7 दर्ज भइल। एह भूकंप के केन्द्र काबुल के लगे रहे। अफगानिस्तान के अलावा पाकिस्तान के कई इलाका में भी भूकंप के असर महसूस भइल। फिलहाल एs भूकंप के चलते कवनो नुकसान के सूचना नईखे मिलल, bakirr सबेरे-सबेरे भईल भूकंप के चलते लोग में दहशत के माहौल बा।

म्यांमार में 144 लोग के मउत


एहसे पहिले बियफे के दिने भारत से आपन सीमा साझा करे वाला म्यांमार में एक के बाद एक कई गो भूकंप आइल. एह में सभसे ताकतवर भूकंप 7.7 तीव्रता के रहल। म्यांमार में आइल भूकंप के केन्द्र मांडले शहर के लगे रहे. एह भूकंप के चलते म्यांमार में 144 लोग के मउत हो चुकल बा जबकि 730 लोग घवाहिल होखे के खबर बा. मरेवाला अवुरी घाही के संख्या अवुरी बढ़ सकता। एह भूकंप में म्यांमार के कई गो भवन, पुल आ बांध के नुकसान भइल बा. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]