Earthquake in Jammu and Kashmir: जम्मू-कश्मीर में महसूस भइल भूकंप के झटका, रिक्टर स्केल पs 4.0 रहल तीव्रता

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 27, 2024

Earthquake in Jammu and Kashmir: जम्मू आ कश्मीर में सुक के रात भूकंप के झटका से धरती डोलल। रात 9.06 बजे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल, एसे लोगन में अफरा-तफरी फइल गइल आ ऊ

Share

Earthquake in Jammu and Kashmir: जम्मू आ कश्मीर में सुक के रात भूकंप के झटका से धरती डोलल। रात 9.06 बजे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल, एसे लोगन में अफरा-तफरी फइल गइल आ ऊ लोग कड़ाका के सर्दी के बीच घरन से बाहर निकलके सुरक्षित जगहन पs दउरल। राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र के मोताबिक जम्मू आ कश्मीर के बारामूला में जमीन के सतह से 10 किमी नीचे भूकंप के केंद्र रहल। रिक्टर स्केल पs एकर तीव्रता 4.0 मापल गइल।

काहे आवेला भूकंप?

पृथ्वी के भीतर 7 गो प्लेट्स बा, जवन लगातार घूमत रहेला। जहां ई प्लेट्स जादे टकराली सs, ऊ जोन फॉल्ट लाइन कहल जाला। बार-बार टकरइला से प्लेट्स के कोना मुड़ेला। जब जादे दबाव बनेला तs प्लेट्स टूटे लागेली सs। नीचे के ऊर्जा बाहर आवे के रास्ता खोजेली सs आ डिस्टर्बेंस के बाद भूकंप आवेला।

जानीं का हs भूंकप के केंद्र आ तीव्रता के माने?

भूकंप के केंद्र ओह जगह के कहल जाला जवना के ठीक नीचे प्लेटन में हलचल से भूगर्भीय ऊर्जा निकलेला। एह जगह पs भूकंप के कंपन जादे होला। कंपन को आवृत्ति जइसे-जइसे दूर होत जाला, एकर प्रभाव कम होत जाला। एकरा बादो जदि रिक्टर स्केल पs 7 भा एकरा से जादे के तीव्रता वाला भूकंप बा तs आसपास के 40 किमी के दायरा में झटका तेज होला। लेकिन ई एहु बात पs निर्भर करेला कि भूकंपीय आवृत्ति ऊपर के तरफ भा दायरा में। जदि कंपन के आवृत्ति ऊपर के बा तs कम क्षेत्र प्रभावित होई।

कइसे मापल जाला भूकंप के तीव्रता आ का बा मापे के पैमाना?

भूंकप के जांच रिक्टर स्केल से होला। एकरा के रिक्टर मैग्नीट्यूड टेस्ट स्केल कहल जाला। रिक्टर स्केल पs भूकंप के 1 से 9 तक के आधार पs मापल जाला। भूकंप के एकरा केंद्र माने एपीसेंटर से मापल जाला। भूकंप के दौरान धरती के भीतर से जवन ऊर्जा निकलेला, ओकरा तीव्रता के एकरा से मापल जाला। एही तीव्रता से भूकंप के झटका के भयावहता के अंदाजा होला।

Read Also: Indian Railways: ढाई महीना के बाद खत्म भइल इंतजार, रेलवे बोर्ड कइलस 23 नया मंडल रेल प्रबंधकन के नियुक्ति

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.