[the_ad_group id="30365"]

शाहदरा में रामलीला में भगवान राम के रोल निभा रहल कलाकार आइल हार्ट अटैक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के शाहदरा में चलत रामलीला के दौरान दिल दहला देवे वाली घटना घटल। भगवान राम के भूमिका निभावे वाला सुशील कौशिक के अचानक दिल के दौरा पड़ गइल आ उनकर मौत हो गइल। सुशील कौशिक पेशे से प्रॉपर्टी डीलर रहले आ विश्वकर्मा नगर इलाका में रहत रहले।

नवरात्रि के मौका पऽ देश भर में कई जगहा रामलीला के मंचन हो रहल बा। काल्ह रात दिल्ली के शहदरा में रामलीला चलत रहे बाकिर एह बीच भगवान राम के भूमिका निभावे वाला के अचानक छाती में दर्द हो गइल। छाती के दर्द एतना बढ़ गइल कि रामलीला के बीच में छाती पs हाथ रख के मंच के पीछे वापस चल गइले। जहां से उनका के अस्पताल पहुंचावल गइल बाकिर तब तक उनकर मौत हो चुकल रहे।

मरेवाला पेशा से प्रॉपर्टी डीलर रहले 

शाहदरा में चलत रामलीला में भगवान राम के भूमिका निभावे वाला व्यक्ति के नाम सुशील कौशिक रहे। सुशील पेशे से प्रॉपर्टी डीलर रहले अउरी उऽ विश्वकर्मा नगर इलाका में रहत रहले। बता दीं कि 45 साल के सुशील कौशिक भगवान राम के भक्त रहले अउरी उ हमेशा रामलीला में भगवान राम के भूमिका निभावत रहले।

हार्ट अटैक के वीडियो वायरल हो रहल बा

इ पूरा घटना शहदरा में रामलीला के चलत देखे आइल दर्शक के फोन के कैमरा में कैद हो गइल। जवना में देखल जा सकेला कि भगवान राम के भूमिका निभावत सुशील कौशिक मंच पर हाथ जोड़ के प्रार्थना करत रहले कि अचानक छाती में दर्द महसूस भइल। पहिले तऽ उऽ अपना छाती पऽ हाथ राख के ओकरा के दबावे के कोशिश करेला बाकिर जब दर्द असहनीय हो जाला त तुरते मंच का पीछे चल जाले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]