[the_ad_group id="30365"]

अमृतपाल सिंह आ राशिद के आज दिवावल जाई शपथ, फोटो आ वीडियो बनाए के मनाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पंजाब के खंडूर साहब से चुनल लोकसभा सदस्य अमृतपाल सिंह आर शपथ लेबे वाला बाड़न. बता दीं कि अमृतपाल सिंह के बियफे के दिने लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला के चैम्बर में दाखिला दिहल जाई. बारामुला लोकसभा सीट से चुनल सांसद शेख अब्दुल रशीद भी बियफे के दिने लोकसभा सदस्य के शपथ ग्रहण करीहें. बता दीं कि रशीद फिलहाल तिहाड़ जेल में बंद बाड़े। जबकि खालिस्तानी अलगाववादी नेता अमृतपाल सिंह असम के डिब्रूगढ़ जेल में बंद बाड़े। बता दीं कि रशीद पs आतंकियन के फंडिंग करे के आरोप बा. एs मामला में उs दिल्ली के तिहाड़ जेल में बंद बाड़े।

दिल्ली के तिहाड़ जेल से राशिद के लोकसभा के सदस्यता के शपथ लेबे खातिर दू घंटा के पैरोल दिहल गइल बा. जबकि अमृतपाल सिंह के चार दिन के सशर्त पैरोल दिहल गइल बा. एह दौरान उs ना तs कवनो राजनीतिक बयान दिहे अवुरी ना एकर कवनो वीडियो बनावल जा सकता। एतने ना, अमृतपाल सिंह के फोटो खिंचवावे पs भी मनाही बा। बता दीं कि पंजाब में अमृतपाल सिंह के खिलाफ बहुत मामला दर्ज बा। अमृतसर के अजनाला थाना पs हमला अवुरी पुलिसकर्मी के संगे बदसलूकी के मामला में अमृतपाल पs मामला दर्ज भईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]