[the_ad_group id="30365"]

सेंट्रल बैंक में लागल भीषण आग, रुपिया सहित सब कुछ जरके खाक भइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के अमरावती जिला के एगो केंद्रीय बैंक में आग लाग गईल, जवना में सबकुछ जर के राख हो गईल।  एकर वीडियो भी सामने आईल बा, जवना में बैंक जरत देखाई देता।  मामला अमरावती जिला के चांदुर रेलवे पs स्थित केंद्रीय बैंक से जुड़ल बा।

आग कईसे शुरू भईल?

प्रारंभिक जानकारी के मुताबिक शार्ट सर्किट के चलते आग लागल बा।  आग एतना तेज रहे कि बैंक में राखल पईसा समेत सभ सामग्री जर गईल।  अचानक बैंक खुलत घरी आग लाग गईल, जवना के चलते सभ कर्मचारी डेरा गईले अवुरी बैंक से बाहर भाग गईले।  सौभाग्य रहे कि कवनो तरह के जानमाल के नुकसान ना भइल.  चांदुर रेलवे फायर ब्रिगेड आग पs काबू पावे के कोशिश में लागल बा।

हालांकि आग ना बुझाला के चलते धामणगांव अवुरी तिवसा से फायर टेंडर भी बोलावल गईल।  बैंक में अचानक लागल आग देख के भारी संख्या में नागरिक भी जमा हो गईले।  पुलिस के घटना के जानकारी मिलते मौका पs सुरक्षा भी बढ़ा देलस। 


इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]