[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में देखे के मिली अमेरिकन डक, राजहंस बढ़इहें इहाँ के शोभा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorakhpur American ducks वाटर स्पोर्ट्स कांप्लेक्स के संचालन कर रहल फर्म अब अमेरिकन डक (बतख) के रामगढ़ताल के पानी में उतारल शुरू कऽ देले बा। अबही बतखन के छोट होखे के वजह दे सांझ के बहरी निकाल के कांप्लेक्स में सुरक्षित राखल जा रहल बा। जलदिए हमेशा खातिर बतखन के ताल में छोड़ दिहल जाई।

फर्म के ओर से एक हजार अमेरिकन डक मंगावल गइल रहे बाकिर तमाम जतन के बादो एमें से 600 बतख भीषण गर्मी के वजह से मर गइले। फर्म अब आउर एक हजार बतख मंगावे के तैयारी कर रहल बा। ताल के शोभा बढ़ावे खातिर वाटर स्पोर्ट्स कांप्लेक्स के संचालन कर रहल फर्म प्रयागराज से 25 जोड़ा राजहंसो मंगा रहल बिया, जवन तीन दिन के भीतर गोरखपुर पहुंच जइहें। एकनियो के ताल में छोड़ल जाई।

400 बतखन के आकार अबही ढेर छोटा बा

फर्म के प्रतिनिधि आशीष शाही के कहनाम बा कि बांचल 400 बतखन के आकारो अबही काफी छोट बा। एहिसे भोरे से सांझ खातिर ताल के किनारा सुरक्षा घेरा बनाके पानी में छोड़ल जा रहल बा फेर रात घरी निकाल के कांप्लेक्स में सुरक्षित राखल जा रहल बा। 10 से 15 दिन में बतखन के आकार में वृद्धि हो जाई जवना के बाद हमेशा खातिर ताल में छोड़ दिहलऽ जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]