अमेरिका में तूफान ले लिहलस 7 लोगन के जान, विनाशकारी बारिश आ बाढ़ के चेतावनी जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 4, 2025

अमेरिका के दक्खिनी आ मध्य पश्चिमी इलाका में एगो विनाशकारी तूफान से भयानक तबाही मच गइल बा. आंधी के चलते सामान्य जीवन पs बहुत असर पड़ल बा। आंधी के चलते बहुत घर के छत उड़

Share

अमेरिका के दक्खिनी आ मध्य पश्चिमी इलाका में एगो विनाशकारी तूफान से भयानक तबाही मच गइल बा. आंधी के चलते सामान्य जीवन पs बहुत असर पड़ल बा। आंधी के चलते बहुत घर के छत उड़ गईल बा, पेड़ उखड़ गईल बा अवुरी बिजली के खंभा गिर गईल बा। आंधी के चलते सात लोग के मउत भी हो चुकल बा। स्थिति के देखत मौसम विभाग आ स्थानीय प्रशासन जनता से घर के भीतर रहे के गोहार लगवले बा।

लोग परेशानी में बाड़े ओक्लाहोमा से इंडियाना ले विनाशकारी बवंडर देखल गईल। टेनेसी के गवर्नर बिल ली के कहल बा कि तलाशी जारी बा. उs कहले कि स्थिति भयावह बा अवुरी लोग परेशानी में बाड़े। ओहियो से ले के मिसिसिपी ले लगभग 15 लाख लोग एह तूफान के शिकार बा जेह में नैशविले, टेनेसी आ ट्यूपेलो के लोग भी सामिल बा। 

इहो पढ़ी: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर


खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.