[the_ad_group id="30365"]

तारा के जनम लेत देखले बानी कबो? NASA के जेम्स वेब टेलीस्कोप फेरु कइलस कमाल, खींचलस अद्भुत तस्वीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अंतरिक्ष में तारा के निर्माण : हमनी के अंतरिक्ष रहस्य से भरल बा अवुरी वैज्ञानिक रोज अद्भुत चीज़ के खोज करे खाती तकनीक के इस्तेमाल करेले। हाल में नासा के जेम्स वेब स्पेस टेलीस्कोप (JWST) भी अविश्वसनीय काम कइले बा। दूरबीन में एगो तारा के जन्म के तस्वीर कैप्चर हो गईल बा।

बीबीसी के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, ए स्टार के नाम एचएच12 राखल गईल बा। ई एगो प्रोटोस्टार हवे, जवन पृथ्वी से लगभग 1,300 प्रकाश साल दूर स्थित बा। वैज्ञानिक लोग के मुताबिक, ए तस्वीर से तारा के अस्तित्व कईसे आईल, एकरा बारे में नाया सुराग मिल जाई।

एचएच212 के खोज पहिला बेर 1993 में ओरियन के बेल्ट के लगे भईल रहे। वैज्ञानिक पिछला तीन दशक से एकर तस्वीर लेबे के इंतजार करत रहले, ताकि उ लोग जान सके कि तारा कईसे बनल बा। प्रोफेसर मैककॉग्रियन कहले कि वैज्ञानिक के प्रोटोस्टार के ‘अच्छा रंगीन छवि’ पहिला बेर मिलल बा अवुरी उ कहले कि जमीनी दूरबीन से इs संभव नईखे।

वैज्ञानिक लोग के कहनाम बा कि इ छवि उनुका के सूरज के जनम के बारे में भी बताई, इहो ठीक ओसही देखाई दिही। नासा के जेम्स वेब स्पेस टेलीस्कोप जेडब्ल्यूएसटी के दू साल पहिले लॉन्च कइल गइल रहे आ एकरा के दस लाख मील से अधिका दूर “लैग्रेंज प्वाइंट 2” नाम के जगह पs राखल गइल बा। ई हबल टेलीस्कोप के सभसे नीक संस्करण हवे जे अपना उन्नत उपकरण सभ से अंतरिक्ष के अद्भुत तस्वीर सभ के कैप्चर करे ला आ वैज्ञानिक लोग के अंतरिक्ष से जुड़ल रहस्य सभ के गहिराह समझ देला।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]