[the_ad_group id="30365"]

अमेरिका में फेर मंडराइल भयानक तूफान आ बवंडर के खतरा, जारी भइल चेतावनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिका के मध्य पश्चिमी हिस्सा में मौसम पूरा तरह से बदलल लउकत बा. इहाँ बिजली के संगे ओला पड़ल बा। अब एह इलाका में शक्तिशाली बवंडर के संभावना के अनुमान लगावल गइल बा. राष्ट्रीय मौसम सेवा के कहल बा कि एहमें सबले बेसी खतरा दक्षिणी मिनेसोटा के कुछ हिस्सा में बा. एह में मिनियापोलिस इलाका, उत्तरी आयोवा आ पच्छिमी विस्कॉन्सिन सामिल बाड़ें। स्थिति के देखत ए इलाका में चेतावनी जारी कईल गईल बा।  

मौसम वैज्ञानिक लोग का कहले

ओक्लाहोमा के नॉर्मन में स्टॉर्म प्रिडिक्शन सेंटर के मौसम वैज्ञानिक कहले कि, दुपहरिया अवुरी सांझ के समय में सबसे खतरनाक मौसम के संभावना बा।एह समय तेज बवंडर के संभावना सबसे जादे बा, एकरा अलावे बड़ से बहुत बड़ ओला अवुरी तेज हवा के संभावना भी बा, जवना से नुकसान हो सकता। 

हवा तेज गति से बही

मिनियापोलिस इलाका के मौसम सेवा कार्यालय के कहल बा कि तूफान के प्रकृति के देखत बवंडर के संभावना के खारिज ना कइल जा सकेला. बवंडर के दौरान हवा के गति 111 से 135 मील प्रति घंटा तक हो सके ला। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नइखी कs पावत हैवी वर्कआउट, तs रोजाना करीं वॉक, सेहत के मिली चौतरफा फायदा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]