[the_ad_group id="30365"]

संत कबीर नगर में कागज में दउड़ल एंबुलेंस, 4815 मरीजन के पहुंचवलस अस्पताल …फिर अइसे खुलल पोल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला में फरवरी, मार्च अउरी अप्रैल महीना में एंबुलेंस कागज में खूब दउड़ल बा। 108 अउरी 102 नंबर के एंबुलेंस के संचालित करे वाली संस्था 4,815 मरीजन के फर्जी तरीका से अस्पताल में भर्ती भी करा दिहल। शासन से भुगतान लेहले के दावा भी कs दिहलें। शक होखले प जांच भइल त सच सामने आइल। सीएमओ शासन के पत्र लिख के एंबुलेंस के संचालन करे वाली संस्था के खिलाफ कार्रवाई के आदेश देहलें बानें।

जिला में कुल 43 एंबुलेंस संचालित बा। एहमें 108 नंबर के 22 अउरी 102 नंबर के 21 एंबुलेंस बा। 108 नंबर के एंबुलेंस से मरीज घटनास्थल से अस्पताल ले पहुंचावल जाला। गर्भवती महिला के लावे ले जाए के काम 102 नंबर के एंबुलेंस करेले।

बीते फरवरी, मार्च अउर अप्रैल माह में शासन के एंबुलेंस संचालित करे वाली संस्था रिपोर्ट दीहलस कि तीन माह में कुल 16,550 मरीजन के अस्पताल पहुंचावल गइल बा। एहमें 108 नंबर के एंबुलेंस से 5,205 मरीजों के अस्पताल पहुंचावल गइल। 102 नंबर के एंबुलेंस से 11,345 मरीजन के अस्पताल पहुंचावल गइल अउर घर लावल गइल। भुगतान खातिर बिल शासन के भेज देहल गइल। शासन मरीजन के संख्या देखत सत्यापन करावे के निर्देश सीएमओ के दिहलस।

सीएमओ तीन महीना के सत्यापन करवनें। सब सीएचसी अउरी पीएचसी से मरीजन के रिकॉर्ड मंगवलस। जांच में पता चलल कि फरवरी, मार्च अउरी अप्रैल माह में 108 नंबर के एंबुलेंस में 5,205 मरीजन के स्थान पर 3,279 मरीजन के अस्पताल पहुँचावल गइल बा। यानी 1,926 मरीजन के फर्जी देखावल गइल बा। एही तरे 102 नंबर के एंबुलेंस में 11,345 मरीजन के दिखावल गइल बा। जांच में 8,456 मरीजन के अस्पताल पहुंचावे के मामला सामने आइल। इहां भी 2,889 मरीजन के फर्जी दर्शावल गइल बा।

सीएमओ जांच रिपोर्ट स्वास्थ्य महानिदेशालय के भेज देहलें बानें। एंबुलेंस संचालित करे वाली संस्था पर कार्रवाई करे के संस्तुति कइले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]