[the_ad_group id="30365"]

स्पेस थीम पार्टी में कहर ढहिहें अंबानी की पतोह, खास तकनीक से तइयार भइल राधिका मर्चेंट के वेडिंग ड्रेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अनंत अंबानी आ राधिका मर्चेंट के सेकेंड प्री-वेडिंग फंक्शन से जुड़ल एगो बड़ जानकारी सामने आइल बा। एह फंक्शन में अंबानी के होखेवाली पतोह एगो खास ड्रेस पहिरे वाला बाड़ी। जवना के एयरोस्पेस एल्युमीनियम तकनीक से तइयार कइल गइल बा।

मुकेश-नीता अंबानी के बेटा अनंत अंबानी आ राधिका मर्चेंट के बियाह से पहिले मई के आखिर में एगो खास क्रूज पार्टी होई। स्पेस थीम पs बेस्ड एह पार्टी खातिर राधिका के ड्रेसो खास होखे वाला बा। एह पार्टी में राधिका मर्चेंट का पहिरे वाला बाड़ी, हालही में एकर खुलासा खुद उऽ डिजाइनर कइले , जे एह ड्रेस के तइयार कइले बा। एह ड्रेस के बनावे में एगो खास टेक्नीक के इस्तेमाल कइल गइल बा।

एयरोस्पेस एल्युमीनियम तकनीक से तइयार भइल राधिका के आउटफिट

रिपोर्ट्स के मोताबिक, अनंत अंबानी के होखेवाली  दुल्हनिया राधिका मर्चेंट के ड्रेस तैयार करे वाला विदेशी डिजाइनर ग्रेस लिंग कॉचर राधिका के ड्रेस से जुड़ल जानकारी शेयर कइले बाड़े। एमें उऽ बतवले कि एह ड्रेस के एगो खास टेक्नोलॉजी के उपयोग कऽ के बनावल गइल बा। स्पेस थीम पार्टी खातिर जवन ड्रेस बनावल गइल बा ओकरा के कुछ अइसन टच दिहल गइल बा, जवना से राधिका एहो अलग लुक में नजर अइहें। उनकर एह ड्रेस के फैब्रिक-इफेक्ट के साथही 3डी-नक्काशी आ एयरोस्पेस एल्युमीनियम तकनीक से बनावल गइल बा।

30 कारीगर लो मिल के बनवले बा राधिका मर्चेंट के ड्रेस

रिपोर्ट्स के मोताबिक, राधिका मर्चेंट के ई खास ड्रेस 30 कारीगर मिलके तइयार कइले बाड़े। गोल्डन-सिल्वर कलर वाला एह मैटेलिक ड्रेस को एगो फ्लेयर्ड स्कर्ट के साथे पेयर कइल जाई। एह ड्रेस के फर्स्ट लुको सामने आ चुकल बा। साथही डिजाइनर एह आउटफिट के एगो स्केचो जारी कइले बाड़े।

कब से कब ले चली अनंत-राधिका के दूसरका प्री-वेडिंग फंक्शन

बता दी कि अनंत अंबानी के दूसरा प्री-वेडिंग फंक्शन 28 से 30 मई के बीच समंदर के लहरन पs होई। समुद्र के बीचोबीच क्रूज शिप पs होखे वाला एह खास फंक्शन में क्रूज शिप पs मौजूद 600 लोगन के स्टाफ अंबानी के 800 मेहमानन के आवभगत करी। ई क्रूज शिप इटली के सिटी पोर्ट से रवाना होके दक्षिणी फ्रांस में आपन सफर खत्म करी। एकरा से पहिले फर्स्ट प्री-वेडिंग फंक्शन गुजरात के जामनगर में 1-3 मार्च के बीच भइल रहे, जवना में 1000 से ज्यादा मेहमान पहुंचल रहलें। तीन दिन ले चलल एह इवेंट में करीब 1200 करोड़ रूपिया खर्च भइल रहे। अनंत अंबानी-राधिका मर्चेंट के शादी एही साल जुलाई में मुंबई इस्थित जियो वर्ल्ड सेंटर में होगी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]