अमेजन प्रेमी धेयान देवे लो! 48 घंटा खातिर स्पेशल सेल आ रहल बा, फोन-टीवी जबरदस्त छूट पर उपलब्ध रही

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 7, 2022

अमेजन प्राइम डे के सेल फेरू एक बेर होखे वाला बा। ई एक्सक्लूसिव सेल अमेजन प्राइम के सदस्यन खातिर अमेजन के सभसे बड़ सालाना बिक्री होला। अमेजन प्राइम डे सेल 2022 दू दिन में –

Share

अमेजन प्राइम डे के सेल फेरू एक बेर होखे वाला बा। ई एक्सक्लूसिव सेल अमेजन प्राइम के सदस्यन खातिर अमेजन के सभसे बड़ सालाना बिक्री होला। अमेजन प्राइम डे सेल 2022 दू दिन में – 23 जुलाई आ 24 जुलाई 2022 के होखी। भारत में अमेजन के ई 6वां प्राइम डे बिक्री ह। बिक्री के दौरान प्राइम के सदस्य सबे कैटेगरियन में सबसे निमन सौदा अवुरी बचत के आनंद ले सकेला लो। एह बिक्री में स्मार्टफोन, इलेक्ट्रॉनिक्स, टीवी, फैशन, किराना अवुरी बहुत कुछ शामिल बा। हम बता रहल बानी एकरा से जुड़ल हर छोट-मोट विवरण:

 

सेल के समय आ तारीख

सेल 23 जुलाई के सबेरे 12:00 बजे से सुरू होई अवुरी 24 जुलाई के रात 11:59 बजे तक जारी रही।

सेल डिल: 

प्राइम डे के दौरान, 7 जुलाई के 12:00 से 22 जुलाई, 23:59 PM तक, सदस्य लोग एसएमबी के ओर से पेश कइल गइल लाखन गो अनोखा उत्पाद से खरीदारी कs सकत बा लो अवुरी 100 रुपया तक के 10% कैशबैक जइसन ऑफर के लाभ उठा सकत बा लो। जवना के प्राइम डे के खरीददारी प रिडीम कइल जा सकता।

कार्ड आ बैंक के ऑफर:

प्राइम सदस्य आईसीआईसीआई बैंक क्रेडिट/डेबिट कार्ड आ एसबीआई क्रेडिट कार्ड पs ईएमआई लेनदेन के इस्तेमाल से कइल गइल सगरो खरीदारी पर 10% के बचत कर सकेला लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.