[the_ad_group id="30365"]

बाल-बाल बचले अमरनाथ यात्री, ब्रेक फेल होले पs बस से कूदे लगले तीर्थयात्री, एंगा बचावल गईल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जम्मू कश्मीर के रामबन जिला में भारतीय सेना आ पुलिस एगो बड़हन हादसा टाल दिहलस. असल में अमरनाथ यात्रा से लवटत बस के ब्रेक फेल हो गइल. एकरा डर से यात्री बस से कूदे लगले। तीर्थयात्री पंजाब के रहे। बस खाई में गिरे से पहिले जम्मू-कश्मीर पुलिस के संगे भारतीय सेना गाड़ी के नीचे पत्थर लगा के बस के रोक देलस। सुरक्षा बल के तत्काल कार्रवाई के चलते राष्ट्रीय राजमार्ग- 44 पs एगो बड़ दुर्घटना टल गईल।

बस से कूदत यात्री के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। वीडियो में कई गो तीर्थयात्री चलत बस से कूदत देखाई देतारे, जबकि सुरक्षा बल गाड़ी के खाई में गिरे से रोके के कोशिश में ओकरा पीछे भागत रहले। एs दौरान बस से कूद के कम से कम 10 तीर्थयात्री घाही हो गईले। अधिकारी बतवले कि इs घटना तब भईल जब ड्राइवर बस के ब्रेक फेल होखे के सूचना देले। अधिकारी बतवले कि एs घटना में कवनो मउत के खबर नईखे।

बस में 40 तीर्थयात्री सफर करत रहले

अधिकारी बतवले कि एs बस में पंजाब के होशियारपुर लवटत 40 तीर्थयात्री सवार रहले। उs बतवले कि बनिहाल के नजदीक नचलाना पहुंचला पs ड्राइवर ब्रेक खराब होखला के चलते गाड़ी के रोके में नाकाम रहल। एs घटना में घाही 10 लोग में 6 पुरुष, 3 महिला अवुरी 1 बच्चा शामिल बाड़े। जानकारी के मुताबिक चलत बस से तीर्थयात्री के कूदत देखला के बाद सेना के जवान अवुरी पुलिसकर्मी तेजी से कार्रवाई कईले अवुरी गाड़ी के टायर के नीचे पत्थर राख के बस के नदी में गिरे से रोके में कामयाब हो गईले। अधिकारी बतवले कि सेना के टीम एम्बुलेंस के संगे मौका पs पहुंचल अवुरी सभ घाही यात्री के चिकित्सा सहायता अवुरी प्राथमिक चिकित्सा के इंतजाम कईलस।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]