जमशेदपुर में अमरनाथ गिरोह के सदस्य टोनी सिंह के हत्या, अपराधी माथा में मरलें गोली

Share

जमशेदपुर। जमशेदपुर के मानगो डिमना रोड पs सुक के देर रात अमरनाथ गिरोह के कुख्यात सदस्य टोनी सिंह के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल बा। हमलावर लोग ओकरा माथा पs करीब से गोली चलावल गइल, जवना से ओकर घटनास्थले पs मौत हो गइल। परिजन ओकरा के तुरंत स्थानीय लोगन के मदद से ब्रह्मानंद अस्पताल ले गइल लो, जहां डॉक्टर लोग ओकरा के मृत घोषित कs दिहल।

प्रत्यक्षदर्शियन के मोताबिक, घटना के समय टोनी अपना साथी राजीव आ आउर लोगन के संगे डिमना रोड पs उमा टिफिन के लगे खड़ा रहे। एह दौरान एगो करिया रंग के स्कॉर्पियो गाड़ी उहां आके रुकल आ टोनी पs नजर रखला के बाद उहां से निकल गइल। कुछे देर बाद तीन मोटरसाइकिलन पs सवार छव हमलावर उहां पहुंचल लो आ टोनी पs अंधाधुंध फायरिंग कs दिहल। एह हमला में अविनाश नाम के जुवक के संलिप्तता सामने आइल बा, जवना के संबंध प्रतिद्वंद्वी गणेश सिंह गिरोह से बतावल जा रहल बा।

सूत्रन के अनुसार, हाले में गौड़ बस्ती में टोनी के एगो भाजपा कार्यकर्ता से विवाद भइल रहे। जेमे ऊ ओकरा के धमकियो देले रहस। पुलिस एह पहलू के ध्यान में रखत जांच कs रहल बिया। एकरा अलावे, टोनी पs एगो जमीन कारोबारी के धमकावे के आरोप रहे। कुछ दिन पहिले पुलिस ने ओकरा के हथियार के संगे गिरफ्तार कs के जेल भेजले रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-