[the_ad_group id="30365"]

Aman Sehrawat: 4.5 किलो ओवरवेट रहले अमन सहरावत, रातभर खून पसीना एक कऽ के देश के जितवले मेडल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पेरिस ओलंपिक 2024 में भारतीय पहलवान अमन सेहरावत देश खातिर एगो अउरी पदक जीत लिहले। उऽ 57 किलो के कुश्ती में प्यूर्टो रिको के डारियन क्रूज के हरा के कांस्य पदक जीत लिहले। पेरिस ओलंपिक में भारत के ई छठवाँ पदक रहल। हालांकि बता दीं कि अमन सेहरावत के वजन बढ़ गइल रहे। उनकर वजन साढ़े चार किलो बढ़ गइल रहे। एकरा बाद अमन रात भर वजन कम करे खातिर तरह तरह के काम कइले। सेमीफाइनल मैच के बाद अमन के वजन 61.5 किलो रहे। राष्ट्रीय कुश्ती के कोच वीरेन्द्र दहिया एह बात के खुलासा कइलन।

वीरेन्द्र दहिया का कहले?

राष्ट्रीय कुश्ती कोच वीरेंद्र दहिया एएनआई से बात करत कहले कि, ‘हम खुश बानी।’ अमन देश के जनता के उम्मीद पs खरा उतरले जब काल्ह साँझ कुश्ती के मैच खतम भइल तऽ अमन के वजन करीब साढ़े चार किलो बढ़ गइल रहे। जवना के बाद हम डेढ़ घंटा तक ट्रेनिंग करवनी। एक घंटा आराम करवनी आ ओकरा बाद ट्रेडमिल आ सौना बाथ के सेशन करवनी। बता दीं कि अमन सेहरावत कांस्य पदक के मैच 13-5 के स्कोर से जीत लिहले।

विनेश फोगाट के वजन अधिक होखला के चलते अयोग्य करार दिहल गइल

भारत के स्टार पहलवान विनेश फोगाट पेरिस ओलंपिक के 50 किलो वजन वर्ग में फाइनल में चहुँप गइल रहले। बाकिर अधिका वजन के चलते उनका के फाइनल से अयोग्य करार दिहल गइल। विनेश फोगाट के वजन 100 ग्राम जादा होखला के चलते अयोग्य घोषित क दिहल गइल। विनेश मेडल पक्का कऽ लेले रहली। बाकिर अयोग्यता के चलते उनका एको पदक ना मिलल। हालांकि ई कोर्ट ऑफ आर्बिट्रेशन फॉर स्पोर्ट (सीएएस) में चल गइल बा। जहां विनेश फोगाट से कम से कम रजत पदक के उम्मीद रहे। बाकिर अयोग्यता का चलते उनका एको पदक ना मिलल। एह पूरा घटना के बाद विनेश फोगाट भी कुश्ती से संन्यास ले लेले बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]