[the_ad_group id="30365"]

अल्लू अर्जुन जेल से भइले रिहा,कोर्ट से मिलल राहत

अल्लू अर्जुन जेल से भइले रिहा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तेलंगाना हाईकोर्ट बियफे के दिने फिल्म ‘पुष्प 2’ के प्रदर्शन के दौरान एगो औरत के मौत के मामिला में तेलुगु अभिनेता अल्लू अर्जुन के चार हफ्ता के अंतरिम जमानत दे दिहलस. एकरा से पहिले हैदराबाद के एगो कोर्ट अभिनेता के 14 दिन खातिर न्यायिक हिरासत में भेजे के आदेश देले रहे।

‘पुष्प 2’ के प्रीमियर के दौरान महिला के मउत के मामला में तेलंगाना हाईकोर्ट से जमानत मिलला के बाद अल्लू अर्जुन के शनिचर 14 दिसंबर 2024 के सबेरे 7 बजे रिहा कs दिहल गईल बा। 13 दिसंबर 2024 के दुपहरिया 12 बजे हैदराबाद के जुबली हिल्स बंगला से संध्या थिएटर में एगो महिला के मौत के मामला में अल्लू अर्जुन के गिरफ्तार कईल गईल रहे। तेलंगाना हाईकोर्ट बियफे के दिने दक्षिण के सुपरस्टार अल्लू अर्जुन के फिलिम ‘पुष्पा 2’ के प्रदर्शन के दौरान एगो औरत के मउत के मामिला में चार हफ्ता के अंतरिम जमानत दे दिहलस काहे कि जेल के अधिकारी बियफे के देर रात ले कोर्ट के आदेश के कॉपी ना ले पवले. एकरा चलते अल्लू के रिहा ना भईले। अब आजु यानी 14 दिसम्बर के अल्लू अर्जुन जेल से बाहर आ गइल बाड़न.
तेलुगु अभिनेता अल्लू अर्जुन के राहत देत तेलंगाना हाईकोर्ट कहलस कि “अल्लू अर्जुन के जिनिगी आ आजादी के अधिकार बा आ ऊ अभिनेता होखले के हक केहु ना छीन सकेला.”

अल्लू अर्जुन का आरोप बा?
अल्लू अर्जुन पs आरोप बा कि उs 4 दिसंबर के हैदराबाद के संध्या थिएटर में बिना सूचना दिहले पहुंचल रहले। अभिनेता के झलक पावे खातिर ओहिजा भीड़ जमा हो गइल आ भगदड़ मच गइल. एकरा में बहुत लोग घाही हो गईले आ एगो महिला के मौत हो गईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 3 गो योगासन, हाथ आ गोड़ के दरद से मिली आराम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]