[the_ad_group id="30365"]

पुष्पा 2′ भगदड़ मामला में अल्लू अर्जुन करिहें CM से मुलाकात, चिरंजीवी बढ़वले मदद के हाथ

अल्लू अर्जुन करिहें CM से मुलाकात
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

‘पुष्पा 2’ भगदड़ के मामला में अल्लू अर्जुन 26 दिसंबर के अपना परिवार के संगे सीएम रेवंत रेड्डी से मिले जा रहल बाड़े। आजु सबेरे दस बजे कमांड कंट्रोल सेंटर में उनुकर चाचा चिरंजीवी आ पिता अल्लू अरविंद समेत अभिनेता के परिवार सीएम रेवंत रेड्डी से भेंट करे जा रहल बा. एह बइठक में सरकार के तरफ से डिप्टी सीएम भट्टी, सिनेमैटोग्राफी मंत्री कोमाटिरेड्डी वेंकट रेड्डी, उत्तम कुमार रेड्डी, दामोदरा राजनरसिम्हा मौजूद रहीहें. संध्या थिएटर में भइल दुखद घटना के बाद ई बइठक बोलावल गइल बा. एह बइठक में श्रीतेज के स्वास्थ्य आ महिला के मौत के बारे में चर्चा होई।

एह बइठक के बोलावल गइल बा जवना में घटनाक्रम आ अउरी मुद्दा पs चरचा कइल गइल बा. संध्या थियेटर भगदड़ के घटना के दुखद असर इंडस्ट्री पs पड़ल बा. अइसना में सीएम से फिल्म इंडस्ट्री के लोग के ई मुलाकात बहुते जरूरी हो गइल बा. एह बइठक के सबले बड़का फोकस आ उद्देश्य मुख्यमंत्री के नाराजगी दूर कइल बा. लागत बा कि एह मुलाकात के बाद खास कर के सीएम आ अल्लू अर्जुन के बीच समझौता होखी. सुलह खातिर आ ‘पुष्प 2’ भगदड़ केस में आपन पक्ष पेश करे खातिर अल्लू अर्जुन के साथे चिरंजीवी आ अल्लू अरविंद भी मौजूद रहीहें.

अतवार के दिने अभिनेता अल्लू-अर्जुन के घर के बहरी बहुते बवाल मच गइल जवना के बाद रेवंत रेड्डी के बयान सामने आइल. तेलंगाना के मुख्यमंत्री रेवंत रेड्डी कहले कि, फिल्मी हस्ती के घर पs भईल हमला के हम निंदा करतानी। हम राज्य के डीजीपी आ नगर पुलिस आयुक्त के कानून व्यवस्था के मामिला में कड़ा कार्रवाई करे के आदेश देत बानी. एह मामिला में कवनो लापरवाही बरदाश्त ना कइल जाई. उच्च अधिकारी लोग के एह बात के ध्यान राखे के चाहीं कि संध्या थिएटर के घटना पर असंबद्ध पुलिस कर्मी कवनो प्रतिक्रिया मत देस.

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]