[the_ad_group id="30365"]

‘जब तक ना मिली न्याय तब तक ना होई तेरहवीं’, उमेश पाल के परिवार के ऐलान, कहल लोग- जब सब अपराधी मारल…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उमेश पाल आ उनकर दु गो सरकारी गनर के हत्या के 13वां दिन जयंतीपुर सुलेम सराय के माहौल अलहदा रहे। घर पs उमेश पाल के आत्मा के शांति खातिर परिवार के लोग पाठ कइल। उमेश के मां शांति पाल कहली कि जब तक उनका न्याय ना मिली, तब तक तेरहवीं ना होई।

केंद्रीय राज्य मंत्री समेत तमाम लोग पीड़ित परिवार के घरे पहुंचल आ ढांढस बंधावल। घर के भीतर पूरा परिवार आ करीबी गम आ गुस्सा में डूबल रहल लो। पुलिस आ प्रशासन के ओर से अपेक्षित कार्रवाई ना भइल, जवना के लेके उनका मन में रोष व्याप्त बा। घर के लोग तेरहवां दिन शांति पाठ के आयोजन कइल। एकरा तहत ऊ मृत उमेश पाल के तस्वीर रखके विधि विधान से शांति पाठ करवावल।

पुलिस आ पीएसी के जवान पूरा मुस्तैदी से संदिग्ध लोगन पs नजर रखत रहे लोग। सामान्य व्यक्ति के भीतर जाये से रोकल जात रहे। खाली परिचित आ बहुते करीबी लोग गम में डूबल परिवार के दुख बांटे खातिर पहुंच पावत रहे लोग। शांति पाठ में परिवार के अलावे तमाम रिश्तेदार सामिल भइल लोग।

एह दौरान केंद्रीय राज्य मंत्री एसपी सिंह बघेल कुछ समर्थकन के साथे पहुंचलें। एनकाउंटर के सवाल पs ऊ मीडिया से कहलें कि पुलिस आत्मसुरक्षा में गोली चलावेले। पुलिस प्रशिक्षित होले। जदि केहू पुलिस के जान से मारे के नीयत से केहुओ फायर करत बा तs ऊ जवाबी फायरिंग में जान से मारल जा सकत बा।

ओने, उमेश के मां शांति पाल कहली कि तेरहवां दिन परिवार के संगे शांति पाठ करावल गइल, जवना के बारे में समाज के नइखे बतावल गइल बा।

13 के सामाजिक रूप से उमेश आ उनका सुरक्षाकर्मियन के मौत पs शांति खातिर कार्यक्रम कइल जाई। जब तक न्याय ना मिली, तब तक तेरहवीं ना कइल जाई। मास्टरमाइंड समेत सब अपराधी मारल जइहें, तबे संतुष्टि मिली।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]