[the_ad_group id="30365"]

All England Championship: ऑल इंग्लैंड चैंपियनशिप में प्रणय के जीत से आगाज, वांग के सीधा गेमन में हरवलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के बैडमिंटन खिलाड़ी एचएस प्रणय ऑल इंग्लैंड चैंपियनशिप में जीत के संगे आगाज कइलें। प्रणय चीनी ताइपे के जाइजू वेई वांग के पुरुष एकल के मुकाबला में सीधे गेमन में हरा देलें। विश्व के नौवां नंबर के खिलाड़ी प्रणय 49 मिनट में ई मुकाबला 21-19, 22-20 से जीतके दूसरका दौर में जगह बनवलें।

प्रणय वांग के खिलाफ आपन रिकॉर्ड 5-3 (जीत-हार) के कs लेलें। केरल के 30 वर्षीय प्रणय दूसरका दौर में तीसरा वरीय इंडोनेशिया के एंथॉनी सिनिसुका आ कंताफोन वांगचारोन के बीच होखे वाला विजेता के संगे खेलिहें। पहिला गेम में प्रणय 11-4 के अच्छा बढ़त बना लेले रहस, बाकिर एकरा बाद ऊ गलती कs बइठलें आ वांग एह बढ़त के कम करत 14-11 कs देलें। एह बीच, प्रणय अच्छा वापसी करत स्कोर 18-12 कs लेलें। फेर स्कोर 19-19 हो गइल रहे, बाकिर आखिर में प्रणय 21-19 से ई गेम जीत लेलें।

दूसरका गेम में दुनो खिलाड़ियन के बीच कड़ा टक्कर देखे के मिलल। वांग 7-2 के बढ़त के संगे आगे रहलें। बाकिर प्रणय ब्रेक तक एक अंक के बढ़त लेके रखले रहस। एकरा बाद स्कोर 16-16 से बराबर चलत रहे, बाकिर प्रणय 19-17 के बढ़त हासिल कइलें तs वांग स्कोर 19-19 से बराबर कs देलें। बाकिर ऊ दूसरका गेम प्रणय के जीतला से रोक ना पवलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]