[the_ad_group id="30365"]

Health Alert: गोरखपुर में मंकीपॉक्स के लेके अस्पतालन में अलर्ट जारी, सीएमओ जारी कइलस जरूरी निरदेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मंकीपॉक्स के लेके स्वास्थ विभाग अतवार के सब अस्पतालन में अलर्ट जारी कइले बा। संगही जरूरी एहतियात बरते के निरदेस जारी कइले बा। मंकी पाक्स के लक्षण मिले आला मरीजन के अलग वार्ड में भरती कइल जाई। जिला अस्पताल में पांच आ सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्रन पs दू-दू बेड आरक्षित कइल गइल बा।

सीएमओ डॉ. आशुतोष कुमार दुबे बतवनी कि मंकी पाक्स के कवनो मरीज अभी नइखे मिलल। बाकिर, अस्पतालन के सजगता बरते के निरदेस दिहल गइल बा। उहां के बतवनी कि मंकी पाक्स नाम के वायरस से आदमी के पहिले बुखार आवेला। ओकरा बाद देह में चक्कता पडे लागेला। लिम्फनोड़ जइसन लक्षण मिलेला, जवन दू से चार सप्ताह ले रहेला।

ई वायरस आंख, नाक, मुंह के रस्ता से देह में घुसेला। एकरा अलावे संक्रमित जानवरन के कटलो पs एकर संक्रमण हो सकत बा। जदि कवनो मरीज में एह तरे के लक्षण पावल जात बा तs ओकर सैंपल के पूणे इस्थित इंस्टीट्यूट वायरोलॉजी लैब में भेजल जाई।

का हs मंकीपॉक्स वायरस

मंकी पाक्स स्मालपाक्स के जइसने एगो वायरस इंफेक्शन हs। जवन चूहन आ खास कs के बंदरन से इंसान में फइल सकत बा। जदि कवनो जानवर एह वायरस से संक्रमित बा आ इंसान ओकरा संपर्क में आवत बा तs आशंका बा कि ओकरो मंकी पाक्स हो जाव। ई देखे में चेचक के बड़ रूप लाहेला।

मंकीपॉक्स के लक्षण

समूचा देह पs गहिराह लाल रंग के दाना, निमोनिया, तेज सिरदर्द, मांसपेशियन में दरद, ठंडा लागल, बहुत जादे थकान, तेज बुखार आइल, देह में सूजन, एनर्जी में कमी होखल, स्किन में लाल चकत्ता, कुछ समय बाद लाल चकत्ता घाव का रूप ले लेहल आदि।

सीएमओ डॉ. आशुतोष कुमार दुबे कहनी कि मंकीपाक्स के लेके अलर्ट जारी कs दिहल गइल बा। जदि एह तरे के मरीज आवत बा लो तs ओह लोग खातिर जिला अस्पताल में पांच आ सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र पs दु-दु बेड आरक्षित कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]