[the_ad_group id="30365"]

अक्षय तृतीया 2023: अक्षय तृतीया पे 6 शुभ योग हो रहल बा, पइसा पावे खातिर ई काम जरूर करीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अक्षय तृतीया 2023 : वैशाख महीना के शुक्ल पक्ष के तृतीया तिथि के हर साल अक्षय तृतीया मनावल जाला। एह साल अक्षय तृतीया 22 अप्रैल 2023, शनिचर का दिने मनावल जा रहल बा | अक्षय तृतीया के परब शुभ काम आ कवनो चीज के खरीदारी खातिर बहुत शुभ मानल जाला। एह दिन सोना खरीदल बहुत शुभ होला। खरीदारी के संगे एह दिन चैरिटी के काम कईल बहुत जरूरी बा। दिवाली के तरह अक्षय तृतीया पे भी देवी लक्ष्मी के पूजा होला। ज्योतिष के अनुसार एह साल के अक्षय तृतीया बहुत खास बा | काहे कि एह दिन 6 गो शुभ योग के निर्माण हो रहल बा। एह शुभ योग में कुछ काम कइला से देवी लक्ष्मी के आशीर्वाद मिलेला। आईं जानीं अक्षय तृतीया पे बनल शुभ योग के बारे में…

अक्षय तृतीया 2023 के शुभ समय

पंचांग के मुताबिक, ए साल वैशाख महीना के शुक्ल पक्ष के तृतीया तिथि 22 अप्रैल के सबेरे 07.49 बजे से शुरू हो रहल बा। ई तारीख 23 अप्रैल के सबेरे 07:47 बजे ले रही |

ई 6 शुभ संजोग

त्रिपुष्कर योग: सुबह 05 बजके 49 मिनट से सुबह 07 बजके 49 मिनट ले।

आयुष्मान योग: दिन सुबह 09 बजके 26 मिनट ले।

सौभाग्य योग: प्रात: 09 बजके 36 मिनट से पूरा रात ले।

रवि योग: रात 11 बजके 24 मिनट से आरंभ होके 23 अप्रैल सुबह 05 बजके 48 मिनट ले।

सर्वार्थ सिद्धि योग: रात 11 बजके 24 मिनट से आरंभ होके 23 अप्रैल सुबह 05 बजकर 48 मिनट ले।

अमृत सिद्धि योग: रात 11 बजके 24 मिनट से अगिला दिने सुबह 05 बजके 48 मिनट ले।

अक्षय तृतीया पे ई करीं काम

• अक्षय तृतीया के दिन देवी लक्ष्मी के साथे भगवान विष्णु के पूजा करीं। देवी लक्ष्मी के साथे विष्णु के पूजा करके अक्षय पुण्य के प्राप्ति होला।

•अक्षय तृतीया के दिन बियाह आदि खातिर बहुत खास मानल जाला। एह दिन बिना शुभ समय के देखले बिना अपना सुविधा के हिसाब से कबो भी बियाह हो सकेला।

• अक्षय तृतीया पे सोना आ दोसर गहना खरीदल शुभ होला | मानल जाला कि शोना आदि खरीदला से कई गुना बढ़ जाला। एकरा अलावे जदी आप कवनो नाया गाड़ी खरीदे के सोचतानी त इ आपके खातीर भाग्यशाली साबित हो सकता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]