[the_ad_group id="30365"]

अखिलेश यादव कहले – पश्चिम से चल रहल हवा यूपी आ देश में लिआई बदलाव, गाजियाबाद से गाजीपुर तक क्लीन स्वीप करी इंडी गठबंधन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अखिलेश यादव कहले – पश्चिम से चल रहल हवा यूपी आ देश में लिआई बदलाव, गाजियाबाद से गाजीपुर तक क्लीन स्वीप करी इंडी गठबंधन

लोकसभा चुनाव के लेके गाजियाबाद के कौशांबी स्थित रेडिसन ब्लू होटल में आज बुध के कांग्रेस नेता राहुल गांधी आ समाज वादी पार्टी के सुप्रीमो अखिलेश यादव संयुक्त प्रेस वार्ता के संबोधित कइले। एही दौरान अखिलेश यादव कहले कि पश्चिम से चल रहल हवा यूपी आ देश में बदलाव लिआई आ इंडी गठबंधन गाजियाबाद से गाजीपुर तक क्लीन स्वीप करी।

गाजियाबाद। कांग्रेस नेता राहुल गांधी आ समाजवादी पार्टी सुप्रीमो अखिलेश यादव बुध के गाजियाबाद पहुंचल। इहाँ कौशांबी स्थित रेडिशन ब्लू होटल में दुनु नेता आइएनडीआइए गठबंधन के कांग्रेस प्रत्याशी के समर्थन में प्रेस वार्ता के संबोधित कइलस।

एही दौरान अखिलेश यादव कहले कि एही दौरान अखिलेश यादव कहले कि पश्चिम से चल रहल हवा यूपी आ देश में बदलाव लिआई आ इंडी गठबंधन गाजियाबाद से गाजीपुर तक क्लीन स्वीप करी।लूट आ झूठ एनडीए गठबंधन के पहचान बन गइल बा। उऽ कार्यकर्ता लो से अपील करत कहले कि एको वोट बंट ना पावे। मतदान करी सावधान रही बूथ के चौकीदारी करी।

मालूम होखे, कि लोकसभा चुनाव के बिगुल बजला कई दिन बीत चुकल बा। भाजपा प्रत्याशी के समर्थन में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी रोड शो कर चुकल बाड़न। उनका साथे मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथो उपस्थित रहले। जबकि रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह भाजपा प्रत्याशी के नामांकन के दिने जनसभा के संबोधित कर चुकल बाड़न।

एही तरे बसपा प्रत्याशी के समर्थन में मायावती भतीजा आकाश आनंदो जनसभा के संबोधित कर चुकल बाड़न, बाकिर अबहीं ले आइएनडीआइए गठबंधन के कांग्रेस प्रत्याशी के समर्थन में कवनो बड़ नेता रोड शो आ जनसभा के संबोधित करे ना पहुंचल रहे।

ई चुनाव विचारधारा के हऽ – राहुल गांधी

कांग्रेस नेता राहुल गांधी कहले,

“ई विचारधारा के चुनाव हऽ। इंडी गठबंधन संविधान आ लोकतंत्र के रक्षा कर रहल बा। बेरोजगारी, महंगाई, भागीदारी ई हमनीं के मुद्दा बा। पीएम मोदी समुद्र के नीचे चल जालन तऽ कबो आसमान में चल जालन , उनका मुद्दा के परवाह नइखे।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]