Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Akansha Dubey: आकांक्षा दुबे के मौत के ममिला में भोजपुरी गायक समर सिंह सहित दु पs केस, मां लगवली गंभीर आरोप

भोजपुरी फिल्म अभिनेत्री आकांक्षा दुबे के मां मधु आ भाई सोमार के सबेरे वाराणसी पहुंचल लो। आकांक्षा के मां के तहरीर पs पुलिस भोजपुरी गायक समर सिंह सहित दु लोगन पs आत्महत्या खातिर उकसावे के मुकदमा दर्ज कइले बिया।

3,987

भोजपुरी फिल्म अभिनेत्री आकांक्षा दुबे के मौत ममिला में नया मोड़ आ गइल बा। प्रकरण में सारनाथ थाना के पुलिस भोजपुरी गायक समर सिंह आ ओकरा भाई संजय सिंह के खिलाफ आत्महत्या खातिर उकसावे समेत आउर धारा में मुकदमा दर्ज कइले बिया। मुंबई से वाराणसी पहुंचल आकांक्षा के मां के तहरीर पs पुलिस ई कारवाई कइले बिया।

आकांक्षा के मां मधु कहली कि हमार बेटी बहुत साहसी रहे। ऊ आत्महत्या नइखे कs सकत। ऊ पुलिस-प्रशासन से न्याय के गुहार लगवली। आकांक्षा दुबे के मां आ भाई सोमार के सबेरे थाना पहुंचल लो। मधु बतवली कि सनीचर के सांझ सात बजे मोबाइल से आकांक्षा से बात भइल रहे। तब ऊ खुश रहली। कवनो परेसानी ना बतवली। 12 बजे रात में फोन कइले रहनी तs ऊ फोन ना उठवली। कवनो पार्टी में जाये के बातो ना बतवले रहली।

आकांक्षा के अक्सर मारता-पीटत रहे समर सिंह

आरोप लगवली कि आजमगढ़ निवासी भोजपुरी गायक समर सिंह आकांक्षा के बहुत प्रताड़ित करत रहे। कहली कि समर सिंह चाहत रहे कि आकांक्षा खाली ओकरे खातिर काम करे आउर केहू के संगे ना। साथ में काम कइला पs पईसो ना देत रहे। केहू दूसरा के फिलिम भा गाना में काम करे पs मारत-पीटत रहे। कइयन बेर जब आकांक्षा ने ओकरा से आपन पईसा मंगली तs ओकरा संगे मारपीटो कइलस।

आकांक्षा दुबे के मां सहित आउर परिजन – फोटो : अमर उजाला

रो-रो के आकांक्षा सबकुछ उनका के बतवले रही। बीतल 21 मार्च के आकांक्षा बस्ती में शूटिंग करत रहली। तब मोबाइल पs भोजपुरी गायक समर के भाई संजय सिंह के फोन आइल रहे। फोन पs धमकी देत रहे कि तहरा के जान से मरवा देम। आकांक्षा के असिस्टेंट रेखा ई बतवली कि मैडम सेट पs जोर-जोर से रोवत रहली। जवना भोजपुरी गायक समर सिंह पs आरोप लागल बा ऊ अतवारे से गायब बा।

अपर पुलिस आयुक्त संतोष कुमार सिंह कहलें कि युवती आत्महत्या कइले बाड़ी, ई स्पष्ट बा। आत्महत्या के कारणन के जांच कइल जा रहल बा। डॉक्टरन के पैनल से पोस्टमार्टम करावल जा रहल बा। युवती के मां के तहरीर पs समर सिंह आ संजय सिंह के खिलाफ आत्महत्या खातिर उकसावे के मुकदमा दर्ज कइल गइल बा। विवेचना कs के आगे के कार्रवाई कइल जाई।

समर सिंह कइले रहस भावुक पोस्ट

आकांक्षा दुबे के मौत के खबर सामने अइला के बाद भोजुपरी गायक आ अभिनेता समर सिंह एगो भावुक पोस्ट कइले रहस। एमे ऊ दू गो रोवे वाला इमोजी पोस्ट कs के लिखलस- निशब्द। RIP। हैशटैग के संगे एक्ट्रेस के नामो लिखल रहे।

आकांक्षा रात में दोस्तन के संगे कइले रहली पार्टी

आकांक्षा सनीचर रात मंडुआडीह इस्थित एगो क्लब में दोस्तन के संगे पार्टी कइले रहली। बेसी नशा में होखला के कारण आकांक्षा के दोस्त उनका के सारनाथ इस्थित होटल छोड़े आवत रहे। रास्ता में आकांक्षा के एगो आउर करीबी युवक मिल गइल। ऊ अपना कार से आकांक्षा के होटल तक पहुंचवले रहे। कुछ देर कमरा में रहला के बाद चल गइल रहे। अतवार के सबेरे आकांक्षा मृत मिलली।

फिल्म के शूटिंग खातिर बनारस आइल रहली आकांक्षा

होटल में रजिस्टर के जांच करत पुलिस – फोटो : अमर उजाला

आकांक्षा मूल रूप से भदोही के चौरी बाजार क्षेत्र के बरदहां गांव के रहे वाली रहली। ननिहाल मिर्जापुर के विंध्याचल में बा। जानकारी के मोताबिक, बरदहां निवासी छोटेलाल दुबे परिवार के संगे एक अरसा से मुंबई में रह के बेवसाय करत रहेलें। छोटेलाल दुबे के तीन लईकन में दूसरा नंबर के आकांक्षा मॉडलिंग से भोजपुरी म्यूजिक आ फिल्म इंडस्ट्री में प्रवेश कइले रहली। भोजपुरी फिल्म लायक हूं मैं नालायक नहीं के शूटिंग खातिर ऊ बीतल 23 मार्च के वाराणसी आइल रहली। फिल्म के हीरो, निर्देशक सहित 16 लोगन के टीम के संगे ऊ सारनाथ क्षेत्र के बुद्धा सिटी कॉलोनी इस्थित एगो होटल में ठहरल रहली। सनीचर के रात ऊ बर्थडे पार्टी में जाये के बात कह के कैब से होटल से निकलल रहली। रात 1:55 बजे के लगभग एगो युवक आकांक्षा के उनका कमरा में छोड़े गइल रहे।

जानकारी के मोताबिक, अतवार के सबेरे नाटीइमली क्षेत्र में शूटिंग खातिर फिल्म के निर्देशक विकास श्रीवास्तव आकांक्षा के मेकअप मैन राहुल के कॉल कs के उनका के तइयार करे खातिर कहलें। राहुल आकांक्षा के कॉल कइलस तs फोन ना रिसीव भइल। एकरा बाद ऊ होटल स्टाफ के कॉल कइलस तs होटल स्टाफ आकांक्षा के कमरा के लैंडलाइन नंबर पs फोन कइल तs रिसीव ना भइल।

एह पs राहुल आ होटल स्टाफ मास्टर चाबी के सहारे आकांक्षा के कमरा के दरवाजा खोलल तs ऊ बेड पs बइठे के इस्थिति में रहली आ उनका गर में दुपट्टटा के फंदा रहे। आनन-फानन में एकर सूचना पुलिस के दिहल गइल। मवका पs पहुंचल पुलिस शव के कब्जे में लिहल आ हत्या के कारणन के पता लगावे खातिर ओकरा के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल।

साभार: अमर उजाला

494750cookie-checkAkansha Dubey: आकांक्षा दुबे के मौत के ममिला में भोजपुरी गायक समर सिंह सहित दु पs केस, मां लगवली गंभीर आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.