[the_ad_group id="30365"]

Maharashtra: महाराष्ट्र चुनाव NCP जारी कइलस 38 उम्मीदवारन के पहिला सूची, बारामती से लड़िहें अजित पवार

अजित पवार - फोटो : ANI
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अजित पवार वाला एनसीपी 20 नवंबर के होखे वाला महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव खातिर बुध के 38 उम्मीदवारन के आपन पहिला सूची जारी कs देलस। एमे उप मुख्यमंत्री अजित पवार बारामती से, छगन भुजबल येवला से आ दिलीप वाल्से पाटिल अंबेगांव से चुनाव लड़िहें।

शिवसेना 45 उम्मीदवारन के सूची जारी कइले रहे

एकरा पहिले, एकनाथ शिंदे वाली शिवसेना 45 उम्मीदवारन के सूची जारी कइले रहे। सीएम एकनाथ शिंदे जीत के चौका लगावे खातिर एक बेर फेर कोपरी पाचपाखाड़ी से आपन दावेदारी पेश करिहें तs ओहिजा पार्टी पैठण से विलास संदिपान भूमरे के चुनावी मैदान में उतरले बिया।

राज ठाकर के बेटा अमित के माहिम से बनावल गइल बा प्रत्याशी

महाराष्ट्र नवनिर्माण सेना (मनसे) अपना 45 उम्मीदवान के नामन के सूची जारी कइले रहे। एह सूची में मनसे प्रमुख राज ठाकरे के बेटा अमित ठाकरे के नाम माहिम से प्रत्याशी के तौर पs जारी कइल गइल बा। ओहिजा मनसे प्रवक्ता आ पूर्व पार्षद संदीप देशपांडे वर्ली से चुनाव लड़िहें।

देस के तीसरका सबसे बड़ विधानसभा में सियासी समीकरण

महाराष्ट्र में अबकी बेर सियासी मुकाबला बहुते दिलचस्प होखे के आसार बा। अइसन एहसे काहेकि लगभग 25 महीना पहिले जून, 2022 में महाविकास अघाड़ी (MVA) सरकार गिरल रहे। एकरा बाद भाजपा समर्थित सरकार बनल। शिवसेना आ राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (NCP) के दु-फाड़ होखाला के बाद राज्य में पहिला बेर विधानसभा चुनाव होई। महाराष्ट्र के 288 सदस्यीय विधानसभा में फिलहाल राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन (NDA) के सरकार के लगे 202 विधायकन के समर्थन बा। 102 विधायकन के संगे भाजपा सबसे बड़ पार्टी बिया। अजीत पवार के अगुवाई वाला राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (NCP) के 40 विधायक बा। एकनाथ शिंदे के नेतृत्व वाली शिवसेना के 18 विधायक बा। 14 निर्दलीय विधायक एनडीए सरकार के समर्थन देले बा लो। मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के सरकार के पांच आउर छोट दलन के समर्थन हासिल बा।

महाराष्ट्र में विपक्षी खेमा केतना मजबूत

एकरा अलावे विपक्षी खेमा (महाविकास अघाड़ी- MVA) में कुल 71 विधायक बा लो। विपक्ष में कांग्रेस 37 विधायकन के संगे सबसे बड़ पार्टी बिया। एकरा अलावे पूर्व मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे नीत शिवसेना के 16 विधायक बा लो। वरिष्ठ राजनेता शरद पवार के नेतृत्व वाली राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (NCP-SP) के 12 विधायक बा लो। समाजवादी पार्टी के दु, सीपीआईएम आ पीडब्लूपीआई के एक-एक विधायक बा लो। ऑल इंडिया मजलिस-ए-इत्तेहादुल मुस्लिमीन (AIMIM) के दुगो विधायक विपक्षी खेमा में बा लो। 15 विधानसभा सीट खाली बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]