[the_ad_group id="30365"]

फ्लाइट से यात्रा कs रहल शख्स के कैमरा में कैद भइल एलियन के परिवार! सोशल मीडिया पs मचल तहलका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हवाई यात्रा के दौरान लोग आपन कैमरा में आसमान के खूबसूरत नजारा कैप्चर करेले। कबो-कबो अइसन बात लोग के कैमरा में कैद हो जाला, जवना के देखला के बाद लोग हैरान हो जाला। अब आजुकाल्हु सोशल मीडिया पs अइसने तस्वीर वायरल हो रहल बा जवना से लोग हैरान हो गइल बा। ई तस्वीर देखला के बाद राउर होश उड़ जाई।

वॉरसॉ से लंदन जाए वाली फ्लाइट में एगो आदमी सोशल मीडिया पs एगो चौंकावे वाला सीन कैद कइले बा। उ आदमी खिड़की के सीट पs बईठ के बादल के फोटो खींचत रहे। अचानक कुछ परछाई उनुका फोटो में कैद हो गईल। लोग के समूह जइसन लागत रहे। लागत रहे जइसे एगो पूरा परिवार बादल के बीच खड़ा बा। अब ई तस्वीर वायरल हो रहल बा।

कैमरा में ए तस्वीर के कैप्चर करेवाला आदमी भी हैरान रह गईल। उ इs तस्वीर एगो साइट पs भेजले रहले, जवन कि यूएफओ से जुड़ल अपडेट रिकॉर्ड करेला। उ आदमी बतवले कि जब उ वॉरसॉ से लंदन जाए वाली फ्लाइट में खिड़की से बाहर देखलस तs बाईं ओर देखलस कि कुछ लोग समूह में खड़ा बाड़े। ई सब का बा?

जइसहीं ईs तस्वीर सोशल मीडिया पs शेयर भइल तs वायरल हो गइल। ई तस्वीर यूट्यूब पs भी शेयर कइल गइल बा। ई तस्वीर लाखों बेर देखल गइल बा बाकिर एह तस्वीर के लेके बहस शुरू हो गइल बा। एह तस्वीर में देखल लोग के समूह के बहुत लोग एलियन के परिवार बतवले बाड़े। कुछ लोग के कहनाम बा कि इ बिजली संयंत्र से निकले वाला धुआं हो सकता। लोग एह तस्वीर पs भी कमेंट कइले बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]