[the_ad_group id="30365"]

नई शिक्षा नीति-2020 के विरोध में भूख हड़ताल: सीवान में आइसा नेता लोग कहल- गरीब-पिछड़न खातिर विश्वविद्यालयन के दरवाजा बंद करे के साजिश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आइसा के नेता मंगर के सीवान शहर में नई शिक्षा नीति के खिलाफ दु दिन के भूख हड़ताल पs बइठल बा लो। आइसा प्रदेश उपाध्यक्ष विकास यादव, आइसा जिला सचिव अनीश कुमार, आइसा गुठनी प्रखंड अध्यक्ष इंद्रजीत कुशवाहा, आइसा नेता धर्मेंद्र कुमार, सुनील यादव, रवि यादव आ जिला के लोक प्रिय नेता कामरेड अमरनाथ यादव सहित दर्जनन नेता भूख हड़ताल पs बा लो।

अमरनाथ यादव कहलें की कोरोना महामारी में नई शिक्षा नीति ले आके केंद्र सरकार देस के किसान मजदूर के लईकन के शिक्षा से वंचित कर रहल बिया। भूख हड़ताल के संबोधित करत आइसा के प्रदेश उपाध्यक्ष विकास यादव कहलें कि बिहार में चार साल के स्नातक कोर्स लागू कइल जा रहल बा। संसद में बिना बहस कइले अलोकतांत्रिक ढंग से ले आवल गइल नई शिक्षा नीति-2020 के बिहार में राज्यपाल के सहारे भाजपा लागू करे में जुटल बिया।

बिहार में शिक्षण संस्थान शिक्षक कर्मचारियन के कमी, पुस्तकालयन के कमी, जर्जर भवन, समुचित पेयजल के अभाव से जूझ रहल बाड़ी सs। राज्य के लगभग सब विश्वविद्यालयन में सेशन लेट आ कक्षा के नियमित संचालन ना होखल गंभीर समस्या बनल आ रहल बा। एह तरे बदहाल आ संसाधनन के कमी से जूझ रहल शैक्षणिक संस्थानन में CBSE आ FYUP थोपल बिहार के गरीब-दलित आ पिछड़न खातिर विश्वविद्यालयन के दरवाजा बंद करे के साजिश बा।

जब से नया शिक्षा नीति लागू कइल गइल बा तबे से विपक्ष के ओर से एकर विरोध कइल जा रहल बा। समय-समय पs अलग-अलग संगठनन आ राजनीतिक पार्टियन के ओर से एकर विरोध कइल जा रह बा। मवका पs मुन्ना यादव, ज्ञाशुदीन, मंटू, राजेश पासवान, प्रिंस पासवान, मनु, सोनू, करण सहित दर्जनन लोग समर्थन में उपस्थित भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]