Airtel Recharge Plan: 220 रूपिया से कम में फ्री अनलिमिटेड कॉलिंग के मजा, 30 दिन चली रिचार्ज प्लान

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 31, 2024

जुलाई से मोबाइल के रिचार्जिंग बढ़त खर्चा बन गइल बा। जदि रउआ एयरटेल के प्रीपेड यूजर बानी आ सस्ता रिचार्ज प्लान के तलाश में बानी तऽ इ जानकारी रउआ खातिर उपयोगी होखे वाला बा। मोबाइल

Share

जुलाई से मोबाइल के रिचार्जिंग बढ़त खर्चा बन गइल बा। जदि रउआ एयरटेल के प्रीपेड यूजर बानी आ सस्ता रिचार्ज प्लान के तलाश में बानी तऽ इ जानकारी रउआ खातिर उपयोगी होखे वाला बा। मोबाइल रिचार्ज प्लान के दाम बढ़ला के बादो एयरटेल अपना यूजर के 220 रुपया से कम में रिचार्ज प्लान दे रहल बा, जवना में फ्री कॉलिंग के लाभ मिलता।

निजी दूरसंचार कंपनी अपना रिचार्ज प्लान के दाम बढ़ा दिहले बाड़ी सन। एकरा संगे मोबाइल रिचार्ज प्लान के लागत बढ़ गइल बा। हर मोबाइल यूजर कवनो ना कवनो तरीका से कम से कम खरचा पs महीना भर के काम करावे के कोशिश करेला। अगर आपके ऑफिस आउर घर में वाईफाई के सुविधा बा आ रउआ एयरटेल के यूजर बानी तऽ आपके काम 220 रूपिया से कम में हो सकऽता।

एयरटेल के 30 दिन के रिचार्ज प्लान

अपना प्रीपेड यूजर खातिर 219 रुपया में 30 दिन के मोबाइल रिचार्ज प्लान पेश करता। हालांकि इहाँ इ बतावल जरूरी बा कि एह योजना में उपयोगकर्ता के खाली डेटा के सुविधा ना मिलेला। योजना में अनलिमिटेड कॉलिंग के सुविधा दिहल जा रहल बा।

एयरटेल के 219 रुपया के रिचार्ज प्लान

योजना के कीमत – 219 रुपया वैधता – 30 दिन के कॉलिंग – असीमित लोकल, एसटीडी, रोमिंग कॉल डेटा – 3GB साथही – विंक पs मुफ्त हेलो ट्यून आ विंक म्यूजिक।

एयरटेल के इ डाटा रिचार्ज प्लान ओ यूजर खातिर उपयोगी हो सकऽता, जेकरा घर से बहरी कुछ डेटा के जरूरत बा। एकरा अलावे आपके मुफ्त कॉलिंग के सुविधा मिली। भलही डाटा खतम हो जाव, बाकिर एकर इस्तेमाल रउआ इमरजेंसी कॉलिंग खातिर कऽ सकऽ तानी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.