Airtel बढ़वलस महंगाई के बोझ, कंपनी रिचार्ज प्लान्स के दाम में कइले बा बड़ बढ़ोतरी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 28, 2024

  अगर आप अपना फोन में एयरटेल सिम के इस्तेमाल करतानी तs अब आपके फोन के इस्तेमाल कईल बहुत महंगा होखे वाला बा। दरअसल, रिलायंस जियो के बाद देश के दूसरा सबसे बड़ दूरसंचार कंपनी

Share

 

अगर आप अपना फोन में एयरटेल सिम के इस्तेमाल करतानी तs अब आपके फोन के इस्तेमाल कईल बहुत महंगा होखे वाला बा। दरअसल, रिलायंस जियो के बाद देश के दूसरा सबसे बड़ दूरसंचार कंपनी एयरटेल अपना रिचार्ज प्लान के दाम बढ़ा देले बिया। एयरटेल टैरिफ प्लान के दाम बढ़ावे के पीछे प्रति ग्राहक अपना औसत राजस्व यानी एआरपीयू के बढ़ावे के कारण बतवले बिया।

बता दीं कि एयरटेल रिचार्ज प्लान के बढ़ल दाम के 3 जुलाई 2024 से लागू करे के फैसला कईले बिया। एहमें हर तरह के प्रीपेड आ पोस्टपेड प्लान शामिल बा. एयरटेल के एs कदम के बाद अब महंगाई के दौर में यूजर के जेब पs अतिरिक्त बोझ पड़े वाला बा।

दाम में बड़हन बढ़ोतरी भइल

बता दीं कि जियो एक दिन पहिले अपना रिचार्ज प्लान के दाम बढ़ा के अचानक अपना ग्राहक के हैरान कs देले रहे। जियो के एs फैसला के महज कुछ घंटा बाद एयरटेल ग्राहक के बहुत बड़ झटका दे देले बिया। एयरटेल आपन रिचार्ज प्लान में 10-21% के बढ़ोतरी कईले बिया।

अब एतना पईसा खर्च करे के पड़ी

नया दाम लागू होखला के बाद एयरटेल के 199 रुपया में 179 रुपया के रिचार्ज प्लान मिल जाई। एकरा अलावे जदी आप 84 दिन खातीर 455 रुपया के प्लान लेले तs अब एकरा खातीर 509 रुपया खर्च करे के होई। ठीक ओसही जदी आप एयरटेल के 365 दिन के प्रीपेड प्लान अबे ले 1799 रुपया में लेले रहती तs अब एकरा पs आपके 1999 रुपया के लागत आई।

दैनिक डाटा प्लान के दाम में भारी बढ़ोतरी

एयरटेल अपना डेली डाटा प्लान के दाम भी बढ़ा दिहले बा। अब यूजर्स के एह प्लान खातिर पहिले से अधिका पइसा खरच करे के पड़ी.

*अब 299 रुपया में 265 रुपया के प्लान मिल जाई।

*अब 349 रुपया में 299 रुपया के प्लान मिल जाई।

*359 रुपया के प्लान अब 409 रुपया में उपलब्ध हो जाई।

*399 रुपया के इs प्लान अब 449 रुपया में आपके

उपलब्ध हो जाई।

*479 रुपया के रिचार्ज प्लान अब 579 रुपया में आपके

उपलब्ध हो जाई।

*549 रुपया के रिचार्ज प्लान अब 649 रुपया में मिल जाई।

*अब 859 रुपया में 719 रुपया के प्लान मिल जाई।

*अब 979 रुपया में 839 रुपया के प्रीपेड प्लान मिल जाई।

*2999 रुपया के रिचार्ज प्लान अब 3599 रुपया में आपके उपलब्ध हो जाई।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.