Airtel देलस यूजर्स के झटका, बंद कऽ देलस इ ऐप, Apple कनेक्शनो आइल सोझा

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 4, 2024

एयरटेल विंक म्यूजिक ऐप बंद करे के फैसला कइले बिया आ ओकर कर्मचारी एयरटेल के इकोसिस्टम में शामिल हो जइहें। अब यूजर के एप्पल म्यूजिक तक एक्सेस मिल जाई। कंपनी एह ऐप के साल 2014

Share

Wynk music

एयरटेल विंक म्यूजिक ऐप बंद करे के फैसला कइले बिया आ ओकर कर्मचारी एयरटेल के इकोसिस्टम में शामिल हो जइहें। अब यूजर के एप्पल म्यूजिक तक एक्सेस मिल जाई। कंपनी एह ऐप के साल 2014 में लॉन्च कइले रहे आ अब जल्दिए एकर संचालन पूरा तरीका से बंद हो जाई।

एयरटेल आपन म्यूजिक ऐप बंद करे के फैसला कईले बिया। विंक नाम के एह ऐप में यूजर के बहुत महत्वपूर्ण सुविधा मिलल। बाकिर अब कंपनी एकरा के लॉक करे के फैसला कइले बिया। एयरटेल के अधिकारी खुद एगो अखबार से बात करत एकर पुष्टि कइले। उनकर कहनाम बा कि उऽ ए ऐप के संचालन बंद करे वाला बाड़े। एही से उऽ लोग विंक के सभ कर्मचारी के एयरटेल इकोसिस्टम के हिस्सा बना दिहें।

एयरटेल साल 2014 में विंक म्यूजिक ऐप लॉन्च कइले रहे। इहो ऐप कुछ समय के भीतर काफी लोकप्रिय हो गइल। बाकिर अब एयरटेल साफ कऽ देले बिया कि उ एकरा के बंद करे के फैसला करतिया। संगही, एयरटेल के इकोसिस्टम में विंक के 50 कर्मचारी के जोड़ल जाई। विंक के लिंक्डइन पेज से पता चलता कि फिलहाल कंपनी में 50 कर्मचारी रहले आ अब ए लोग के एयरटेल के इंटरनल सिस्टम में ट्रांसफर क दिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.