[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी से सिंगरौली के हवाई सेवा जल्दिए शुरू हो जाई…45 मिनट में सफर पूरा हो जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी समाचार : वाराणसी आ सिंगरौली हवाई पट्टी के बीच क्षेत्रीय परिवहन हवाई जहाज यानी एटीआर 72 के संचालन होई एह हवाई सेवा शुरू भइला के बाद वाराणसी से उर्जाचंल के बीच के दूरी महज 45 मिनट में पूरा हो जाई।

यूपी आ एमपी के सीमांचल क्षेत्र के लोग खातिर एगो खुशखबरी बा जल्दिए यूपी के वाराणसी के लाल बहादुर शास्त्री अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा आ सिंगरौली के सिंगरौली हवाई पट्टी के बीच उड़ान सेवा शुरू हो सकेला। भारतीय एयरपोर्ट अथॉरिटी के ग्रीन सिग्नल के बाद ओकर प्रयास तेज हो गइल बा।

वाराणसी आ सिंगरौली हवाई पट्टी के बीच क्षेत्रीय परिवहन हवाई विमान यानी एटीआर-72 के संचालन होई। एह एयरलाइन के शुरुआत के बाद वाराणसी से उर्जाचंल के बीच के दूरी महज 45 मिनट में पूरा हो जाई। वर्तमान में एकरा में 4 से 5 घंटा के समय लागेला।

हवाई अड्डा प्राधिकरण के अधिकारी मौका पर निरीक्षण करीहें

ध्यान देवे वाला बात बा कि सरकार के निर्देश के बाद सिंगरौली प्रशासन एकरा खातीर एयरपोर्ट प्राधिकरण के चिट्ठी लिखले रहे। जवना पs हवाई अड्डा प्राधिकरण हवाई अड्डा के बारे में विस्तृत जानकारी मंगलस। एकरा अलावे मौका पs निरीक्षण खातीर 75 लाख रुपया जमा करे के निर्देश भी दिहल गइल। मानल जाता कि ई शुल्क जमा कइला के बाद एयरपोर्ट अथॉरिटी के अधिकारी सिंगरौली हवाई पट्टी के मौका पs निरीक्षण करीहे।

किराया आ शेड्यूल तय नइखे भइल

जदी सबकुछ ठीक से चलल तs जल्दिए एटीआर 72 विमान सेवा ए रूट पs शुरू कइल जा सकता। एकरा खातीर ट्रैफिक कंट्रोल यूनिट समेत बाकी सेवा में सुधार कइल जाता, एकर समय-सारणी आ किराया के फैसला ऑन-साइट निरीक्षण अउरी बाकी जरूरी औपचारिकता पूरा होखला के बाद होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]