[the_ad_group id="30365"]

Air India: नशा में धुत आदमी बिजनेस क्लास में बइठल महिला पs कइलस पेशाब, लग सकsता यात्रा पs आजीवन रोक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

न्यूयॉर्क से दिल्ली जा रहल एयर इंडिया के फ्लाइट में चौंकावे वाला घटना सोझे आइल बा। विमान में नशा में धुत एगो आदमी अइसन शर्मनाक हरकत कइलस कि सभे देखते रह गइल। ऊ बिजनेस क्लास में बइठल एगो 70 साल के महिला पs पेशाब कs दिहलस। आरोप बा कि महिला के शिकायत के बादो केबिन क्रू मेंबर्स के ओर से आदमी पs कौनो कार्रवाई नइखे कइल गइल। एकरे बाद महिला टाटा ग्रुप के चेयरमैन एन. चंद्रशेखरन के पत्र लिखले बाड़ी तब जा के मामिला के जांच शुरू भइल बा।

एगो मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, ई घटना 26 नवंबर, 2022 के ह। महिला अपने चिट्ठी में लिखली कि विमान में क्रू मेंबर्स कठिन परिस्थिति से निपटे खातिर सजग नाइ रहनें। ऊ कहली, एयरलाइंस के तरफ से उनकर सुरक्षा अउर सुविधा के सुनिश्चित करे के ले के कौनो कार्रवाई नइखे कइल गइल।

का ह पूरा मामला

महिला अपने पत्र में बतवली कि ऊ एयर इंडिया के फ्लाइट AI-102 से न्यूयॉर्क के जॉन एफ कैनेडी एयरपोर्ट से दिल्ली खातिर यात्रा करत रहली। लंच के बाद विमान के लाइट बंद कs दीहल गइल। एही दौरान नशा में धुत आदमी उनके सीट के लग्गे आइल अउर हमरा पर पेशाब कs दिहलस। एकरे बादो ऊ आदमी हमरे लग्गही ठाढ़ रहल। सहयात्री के कहले के बाद ऊ उहां से हटल।

एयर इंडिया दर्ज करवलस एफआईआर

टाटा ग्रुप के चेयरमैन के पत्र लिखल गइले के बाद एयर इंडिया एक्शन के मूड में आ गइल बा। एगो अधिकारी बतवलस कि 26 नवंबर के भइल घटना के संबंध में पुलिस में शिकायत दर्ज करावल गइल बा। एकरे अलावा एयर इंडिया के ओर से घटना के जांच खातिर आंतरिक समिति के भी गठन कइल गइल बा अउर पुरुष यात्री के ‘नो-फ्लाई लिस्ट’ में डाले के सिफारिश कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]