AI: गूगल नया एआई टूल पऽ कर रहल बा काम, पूरा वेब ब्राउजर के करी कंट्रोल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 28, 2024

गूगल एगो आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) सिस्टम पऽ काम कर रहल बा, जवन कि यूजर के वेब ब्राउज़र के नियंत्रित क सकता आ कुछ काम कऽ सकऽता। रिपोर्ट के मुताबिक, ए नाया तकनीक के कोडनेम प्रोजेक्ट

Share

गूगल एगो आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) सिस्टम पऽ काम कर रहल बा, जवन कि यूजर के वेब ब्राउज़र के नियंत्रित क सकता आ कुछ काम कऽ सकऽता। रिपोर्ट के मुताबिक, ए नाया तकनीक के कोडनेम प्रोजेक्ट जार्विस बा।

अपना नयका टूल के बारे में गूगल के कहनाम बा कि, उ पूरा पीसी (पर्सनल कंप्यूटर) के नियंत्रित करे के बजाय सिर्फ ब्राउज़र के भीतर कुछ काम के संपादित करे पऽ ध्यान दिही। बतावल जाता कि इ नाया फीचर दिसंबर में जेमिनी एआई मॉडल के अगिला संस्करण के संगे जारी होई।

द इन्फॉर्मेशन के खबर के मुताबिक, गूगल एगो नाया टूल बनावतिया, जवना के मदद से यूजर ऑनलाइन फ्लाइट चाहे फिल्म के टिकट बुक करे जइसन काम के स्वचालित के सकेलें।

अपना फीचर से लागता कि गूगल एह फीचर खातिर एजेंटिक एआई के इस्तेमाल करता। एजेंटिका एआई के एआई सिस्टम के रूप में समझल जा सके ला जे लक्ष्य उन्मुख होखे आ कई किसिम के काम करे खातिर डिजाइन कइल गइल होखे।

एजेंटिका एआई सिस्टम के इस्तेमाल कंप्यूटर पऽ बिसेस काम सभ के नियंत्रित करे, स्वचालित वाहन आ रोबोट सभ के चलावे इत्यादि खातिर कइल जा सकेला। ई कंप्यूटर विजन के इस्तेमाल से बाहरी वातावरण के बिस्लेषण कऽ सकेला आ बिसेस सॉफ्टवेयर के मदद से बटन दबावे आ कर्सर के मूवमेंट करे नियर काम कऽ सकेलें।

रिपोर्ट के मुताबिक, गूगल के एजेंट एआई प्रोजेक्ट के जार्विस के नाम से जानल जाता, जवन कि मार्वल के कॉमिक्स अउरी मीडिया फ्रेंचाइजी में देखावल गइल J.A.R.V.I.S. (Just A Rather Very Intelligent System) AI सहायक से प्रेरित बा, जवन आयरन मैन फिल्म में देखावल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.