[the_ad_group id="30365"]

Report: खिलाड़ियन के रिटेन करे खातिर फ्रेंचाइजियन के मिली एतना समय, सामने आइल डेडलाइन

आईपीएल - फोटो : BCCI/IPL
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईपीएल 2025 सीजन से पहिले होखे वाला बड़ नीलामी के देखते रिटेंशन नियम पs फैसला हो गइल रहे। अब जानकारी सामने आ रहल बा कि आईपीएल टीमन के लगे नीलामी से पहिले खिलाड़ियन के रिटेन करे खातिर डेडलाइन तय कs दिहल गइल बा।

ईएसपीएन क्रिकइंफो के रिपोर्ट के अनुसार, टीमन के लगे खिलाड़ियन के रिटेन करे खातिर 31 अक्तूबर तक के समय बा। नीलामी से पहिले शीर्ष परिषद के बैठक सनीचर के बेंगलुरु में भइल रहे। एह बैठक में रिटेंशन सहित कइयन गो आउर मुद्दन पs निर्णय लिहल गइल रहे।

शीर्ष परिषद आईपीएल फ्रेंचाइजी के पिछलो टीमन में से अधिकतम छह खिलाड़ियन के रिटेन करे के अनुमति देले बा। एमे नीलामी में एगो राइट टू मैच (आरटीएम) कार्ड सामिल होई। कवनो फ्रेंचाइजी छव में से भारतीय आ बिदेसी मिलाके अधिकतम पांच कैप्ड खिलाड़ी आ अधिकतम दुगो अनकैप्ड खिलाड़ी रिटेन कs सकी। माने जदि कवनो टीम पांच कैप्ड खिलाड़ी लेले बा तs ओकरा छठा खिलाड़ी अनकैप्ड रिटेन करे के होई।

शीर्ष परिषद के बैठक में इहो फैसला कइल गइल बा कि जदि कवनो भारतीय खिलाड़ी पिछला पांच कैलेंडर बरिसन में राष्ट्रीय टीम खातिर नइखे खेलल तs ओकरा के अनकैप्ड खिलाड़ी मानल जाई। आईपीएल के अनुसार, जदि कवनो कैप्ड भारतीय खिलाड़ी संबंधित सीजन के आयोजन से पहिले के पिछला पांच कैलेंडर बरिसन अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट (टेस्ट मैच, वनडे, टी20 अंतरराष्ट्रीय) में सुरुआती एकादश में नइखे खेलल भा ओकरा लगे बीसीसीआई के संगे केंद्रीय अनुबंध नइखे, तs ऊ अनकैप्ड हो जाई। ई नियम खाली भारतीय खिलाड़ियन खातिर लागू होई।

रिटेंशन में जदि कवनो खिलाड़ी 31 अक्तूबर से पहिले अंतरराष्ट्रीय डेब्यू कs लेत बा तs ओकरा के कैप्ड मानल जाई, बाकिर जदि कवनो रिटेन भइल अनकैप्ड खिलाड़ी नीलामी से एक दिन पहिले अंतरराष्ट्रीय डेब्यू करत बा तs ओकरा के अनकैपडे मानल जाई। बड़ नीलामी खातिर फ्रेंचाइजी के पर्स बढ़ावल गइल बा, अब हर फ्रेंचाइजी के लगे नीलामी खातिर 120 करोड़ रुपिया के पर्स उपलब्ध होई।

बिदेसी खिलाड़ियन के नीलामी खातिर करावे के होई पंजीकरण

कवनो बिदेसी खिलाड़ी के बड़ नीलामी में सामिल होखे खातिर पंजीकरण करावे के होई। जदि कवनो बिदेसी खिलाड़ी पंजीकरण नइखे करावत तs ऊ अगिला साल के मिनी नीलामी में सामिल होखे खातिर अयोग्य होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]