[the_ad_group id="30365"]

बिहार के 12 जिलन में इंटरनेट पs लगाम, फेसबुक, व्हाट्सएप, ट्वीटर समेत 22 एप्स पs तीन दिन ले मैसेज-फोटो-वीडियो बैन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Agnipath Agnivir Scheme Protests: बिहार में 18 जून के बंद से पहिले राज्य सरकार 12 जिलन में इंटरनेट पs लगाम लगावत फेसबुक, ट्वीटर, व्हाट्सएप समेत 22 साइट आ एप्स पs अगिला तीन दिन तक कवनो तरे के मैसेज आवे-जावे पs बैन लगा देलस। एह दौरान यू-ट्यूब पs वीडियो अपलोड के रोक दिहल गइल बा। गृह विभाग के अपर मुख्य सचिव चैतन्य प्रसाद इंटरनेट के जरिए मैसेज के लेन-देन के रोके के ई आदेश जारी कइले हs।

 

जवना जिलन में ई रोक प्रभावी रही ओमे कैमूर, भोजपुर, औरंगाबाद, रोहतास, बक्सर, नवादा, पश्चिम चंपारण, समस्तीपुर, लखीसराय, बेगूसराय, वैशाली आ सारण जिला शामिल बा।

 

एह ऐप के कइल गइल बा बैन

– Facebook

– Twitter

– Whatsapp

– QQ

– Wechat

– Qzone

– Tublr

– Google+

– Baidu

– Skype

– Viber

– Line

– Snapchat

– Pinterest

– Telegram

– Reddit

– Snaptish

– Youtube (upload)

– Vinc

– Xanga

– Buaanet

– Flickr

विक्रमशिला एक्सप्रेस ट्रेन पूरा तरे से जलके खाक, उपद्रवी 23 बोगियन के कइले आग के हवाले

बता दीं कि अग्निपथ योजना के लेके बिहार में विरोध प्रदर्शन के बीच उपद्रवियन द्वारा विक्रमशिला ट्रेन के पूरा तरे बर्बाद कs दिहल गइल। उपद्रवी माचिस लेके स्टेशन पs पहुंचल रहले सs। स्टेशने के प्लेटफॉर्म संख्या दु के निचिका के दुकान से कुछ छात्र माचिस खरीदले आ पहिले एसी थर्ड टियर के शीट आ ओमे राखल चादर-तकिया के आग के हवाले कs दिहल गइल। एसी बोगी होखला के कारण आग तेजी से पकड़लस आ एक-एक कs के विक्रमशिला के 23 गो बोगी धधक उठल।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]