[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली एम्स के सर्वर के बाद अब जल शक्ति मंत्रालय के ट्विटर हैंडल हैक, जांच में जुटल सुरक्षा एजेंसी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्र सरकार के जल शक्ति मंत्रालय के ट्विटर हैंडल हैक होखले के खबर बा। हैकर्स बियफे के बिहाने मंत्रालय के ट्विटर हैंडल हैक कइले बा। सिक्योरिटी एजेंसी अउर साइबर एक्सपर्ट ट्विटर हैंडल हैकिंग से जुड़ल मामिला के जांच में जुट गइल बा। बता देईं कि एहसे पहिले दिल्ली एम्स के सर्वरो पर भी साइबर अटैक कइल गइल रहल। जेकरे बाद हैकर्स संस्थान से क्रिप्टोकरेंसी में 200 करोड़ रुपया के मांग कइले रहे। हालांकि, पुलिस एहसे इनकार कs दिहले रहे अउर सर्वर ठप होखले के चलते कई दिन ले सब काम मैनुअल कइल गइल रहे
 

दिल्ली एम्स के सर्वर पs साइबर अटैक

दिल्ली एम्स के मुख्य सर्वर 23 नवंबर बुध के सुबह डाउन हो गइल रहे। पंजीकरण प्रक्रिया शुरू होइतही मुख्य सर्वर डाउन होखले से ऑनलाइन सेवा बुरा तरीका से प्रभावित हो गइल रहे। पर्ची बनले अउर रिपोर्ट सहित दूसर सब काम प्रभावित होखले से हजारों मरीज परेशान भइलें। सर्वर बुध के देर साँझ ले ठप पड़ल रहल। जेकरे बाद भारतीय कंप्यूटर आपात प्रतिक्रिया दल (सर्ट-इन), दिल्ली पुलिस अउर गृह मंत्रालय के प्रतिनिधि जांच में जुट गइल रहल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]