Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Civic ELections: केंद्रीय नेतृत्व के मंजूरी के बाद आज जारी होई भाजपा के महापौर प्रत्याशियन के सूची

UP Civic Elections: यूपी नगरीय न‍िकाय चुनाव में सपा कांग्रेस के बाद आज भाजपा महापौर प्रत्याशियन के सूची जारी कs सकत बिया। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आवास पs भाजपा कोर कमेटी के बैठक आ केंद्रीय नेतृत्व के मंजूरी के बाद ई फैसला लिहल गइल बा। 

1,039

नगरीय निकाय चुनाव के पहिला चरण में नगर निगमन के महापौर प्रत्याशियन के लेकर भाजपा प्रदेश कार्यालय सुक के दिन भर भइल मंथन के बाद सांझ के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आवास पs भाजपा कोर कमेटी के बैठक भइल। कमेटी द्वारा महापौर प्रत्याशियन के नामन के सूची के अंतिम रूप देला के बाद अब ओह पs केंद्रीय नेतृत्व के मंजूरी लिहल जा रहल बा। केंद्रीय नेतृत्व के ओर से हरियर झंडी देखावल गइला के बाद महापौर प्रत्याशियन के सूची सनीचर के जारी होखे के पूरा उम्मीद जतावल जा रहल बा।

सत्ताधारी भाजपा में टिकट खातिर सबसे बेसी मारामारी बा। सबसे जादे रस्साकशी सबसे बेसी प्रतिष्ठा वाला नगर निगमन के महापौर के टिकट खातिर बा। पहिला चरण में 10 नगर निगमन के चुनाव होखे के बा। पार्टी नगर निगमन के महापौर आ पार्षद आउर नगर पालिका परिषदन के अध्यक्षन के टिकट प्रदेश मुख्यालय स्तर से घोषित करी। ओहिजा नगर पंचायतन के अध्यक्ष आ पार्षद अउरी नगर पालिका परिषदन के पार्षद के टिकट क्षेत्रीय स्तर से घोषित कइल जाई।

भाजपा प्रदेश कार्यालय में टिकटन के दावेदारन के गहमागहमी बनल रहल आ चरचा के बाजार गरम रहल। दावेदार आ ओह लोगन के समर्थक अपना मोबाइल फोन पs रह-रहके ई देखते रहल लो कि कहीं प्रत्याशियन के सूची जारी तs ना हो गइल। महापौर आ नगर पालिका परिषद के अध्यक्ष के टिकट खातिर जिला आ क्षेत्र स्तर से भेजल गइल तीन नामन के पैनल पs प्रदेश स्क्रीनिंग कमेटी ने सुको के मंथन कइलस।

सूत्रन के मोताबिक नगर पालिका परिषद के अध्यक्षन के नामन पs लगभग सहमति बन चुकल बा। कुछ नगर पालिकान में पेंच फंसल बा। ओहिजा महापौर के टिकट खातिर भेजल गइल नामन के पैनल पs दिन भर भइल विचार विमर्श के बाद सांझ के मुख्यमंत्री के आवास पs भइल कोर कमेटी के बैठक में एह नामन पs चरचा भइल। बैठक में मुख्यमंत्री के अलावे उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य आ ब्रजेश पाठक, भाजपा प्रदेश अध्यक्ष भूपेन्द्र सिंह चौधरी आ प्रदेश महामंत्री (संगठन) धर्मपाल सिंह सामिल भइल लो।

कोर कमेटी महापौर प्रत्याशियन के नाम पs चरचा के बाद एह नामन के सूची के भाजपा के केंद्रीय नेतृत्व के भेजे के निर्णय कइलस। संभावना जतावल जा रहल बा कि केंद्रीय नेतृत्व के मंजूरी के बाद सनीचर के पार्टी के ओर से महापौर प्रत्याशियन के सूची जारी कइल जा सकत बा। नगर निगमन के पार्षद प्रत्याशियन के स्क्रीनिंग के जिम्मा प्रभारी मंत्रियन के सउपल गइल बा।

नामांकन जुलूस में सामिल होई लो मंत्री

पहिला चरण खातिर नामांकन के अंतिम तारीख 17 अप्रिल बा। जदि महापौर प्रत्याशियन के सूची सनीचर के जारी होत बा, तs ओह लोग के लगे रअतवार भा सोमार के नामांकन करे के मौका होई। महापौर प्रत्याशियन के नामांकन करावे उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य आ ब्रजेश पाठक आउर सरकार के मंत्री लोग जाई।

साभार: दैनिक जागरण

517770cookie-checkUP Civic ELections: केंद्रीय नेतृत्व के मंजूरी के बाद आज जारी होई भाजपा के महापौर प्रत्याशियन के सूची

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.