[the_ad_group id="30365"]

हॉन्गकॉन्ग में एवरेस्ट आ MDH मसाला पs बैन: दुनो कंपनियन के करी मसालन में पेस्टिसाइड के मात्रा जादे, ऐसे कैंसर के खतरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हॉन्गकॉन्ग MDH प्राइवेट लिमिटेड आ एवरेस्ट फूड प्रोडक्ट्स लिमिटेड के करी मसालन के सेल पs बैन लगा देले बा। दुनो कंपनियन के एह उत्पाद में कार्सिनोजेनिक पेस्टिसाइड एथिलीन ऑक्साइड के जादे मात्रा होखला के कारण ई फैसला लिहल गइल।

एह उत्पाद में एह पेस्टिसाइड के जादे मात्रा से कैंसर होखे के खतरा बा। हॉन्गकॉन्ग से पहिले सिंगापुर के अधिकारियो एही वजह के चलते एवरेस्ट के फिश करी मसाला के बाजार से वापस मंगावे के आदेस जारी कइले रहे लो।

MDH ग्रुप के तीन आ एवरेस्ट के एगो मसाला मिक्स में पेस्टिसाइड

हॉन्गकॉन्ग के फूड सेफ्टी डिपार्टमेंट बयान जारी कs के कहलस कि MDH ग्रुप के तीन गो मसाला मिक्स- मद्रास करी पाउडर, सांभर मसाला पाउडर आ करी पाउडर में कार्सिनोजेनिक पेस्टिसाइड एथिलीन ऑक्साइड के मात्रा जादे पावल गइल। ओहिजा, रूटीन सर्विलांस प्रोग्राम के तहत एवरेस्ट के फिश करी मसाला में ई पेस्टिसाइड पावल गइल बा।

MDH ग्रुप के तीन मसाला मिक्स- मद्रास करी पाउडर, सांभर मसाला पाउडर आ करी पाउडर आउर एवरेस्ट के फिश करी मसाला में पेस्टिसाइड के मात्रा जादे पावल गइल। इंटरनेशनल एजेंसी फॉर रिसर्च ऑन कैंसर एथिलीन ऑक्साइड के ग्रुप एक कार्सिनोजेन के रूप में क्लासिफाई कइले बा। फूड रेगुलेशन के अनुसार, ह्यूमन कंजम्पशन खातिर पेस्टिसाइड वाला फूड खाली तबे बेचल जा सकत बा, जब फूड स्वास्थ्य खातिर खतरनाक भा हानिकारक ना होखे।

वेंडर्स के सेल्स रोके आ प्रोडक्ट्स के हटावे के निरदेस 

डिपार्टमेंट अपना स्टेटमेंट में कहलस कि CFS वेंडर्स के इरेग्युलैरिटीज के बारे में सूचित कइल आ ओकर बिक्री रोके आ एह प्रोडक्ट्स के हटावे के निरदेस देले बा। सेंटर फॉर फूड सेफ्टी (CFS) के निरदेसन के अनुसार, डिस्ट्रीब्यूटर्स आ इम्पोर्टर्स प्रभावित प्रोडक्ट्स के वापस मंगावल सुरू कs देले बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]