Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राम जन्म भूमि के बाद अब जानकी प्राकट्य स्थल के बारी, ‘भव्य मंदिर’

723

उत्तर प्रदेश के अयोध्या में राम मंदिर बनवला के बाद अब बिहार के सीतामढ़ी में माता सीता के जन्मभूमि के लेके प्रयास तेज हो गईल बा। बिहार सरकार सीतामढ़ी में माई सीता के जन्मस्थली पs नया मंदिर बनावे अवुरी एs इलाका के विकास के योजना पs काम सुरू कs देले बिया।

अब सीतामढ़ी में अयोध्या जइसन नया भव्य मंदिर बनावल जाई। एकरा खातीर पुरान मंदिर के आसपास 50 एकड़ से जादे जमीन के अधिग्रहण कईल जाई। ई फैसला हालही में बिहार मंत्रिमंडल के बइठक में लिहल गइल बा।

बिहार सरकार एकरा से पहिले सीतामढ़ी के पुनर्विकास योजना खातीर 16.63 एकड़ जमीन के अधिग्रहण कईले रहे। एकरा तहत नया सुविधा विकसित करे के रहे| हाल ही में एकरा खातिर ₹72 करोड़ के बजट भी पास भईल रहे|

एकरा तहत सीतामढ़ी में पर्यटकन के सुविधा खातिर मुख्य मंदिर के चारों ओर परिक्रमा मार्ग, जानकी महोत्सव मैदान में गाड़ी के पार्किंग, कैफेटेरिया, कियोस्क आ आगंतुकन खातिर शौचालय के सुविधा बनावे के रहे। एकरा खातिर बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भी इहाँ के मंदिर के दौरा कईले, जवना के पुनौरा धाम कहल जाला।

अब 50 एकड़ जमीन के अधिग्रहण के प्रस्ताव एकरा से अलग बा। एकरा में नया मंदिर के निर्माण होई। मंदिर के निर्माण अयोध्या धाम के तर्ज पs होई। एकरा खातीर पईसा के इंतजाम आम जनता से चंदा लेके होई। एकरा बाद मंदिर के निर्माण होई।

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के प्रधान सचिव एस सिद्धार्थ कहले कि भव्य मंदिर अवुरी ओकरा में आवे वाला श्रद्धालु के सुविधा बढ़ावे के ध्यान में राखत 50 एकड़ जमीन के अधिग्रहण के प्रस्ताव ले आवल गईल बा। उs बतवले कि मंदिर के मांग बहुत दिन से बा लेकिन जब से अयोध्या में राम मंदिर बनल बा, तब से इs मांग तेज होखता।

बिहार सरकार के मंदिर के पुनर्निर्माण के एह फैसला के खूब समर्थन मिल रहल बा। लोग कहेला कि सीतामढ़ी से उनकर धार्मिक आ भावनात्मक संबंध बा। अगर नया मंदिर बनल तs धार्मिक पर्यटन में बढ़ोतरी के चलते उनुका इलाका में समृद्धि होई। एकरा से राउर प्रसिद्धि भी बढ़ी।

 

 

 

771680cookie-checkराम जन्म भूमि के बाद अब जानकी प्राकट्य स्थल के बारी, ‘भव्य मंदिर’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.