पुणे के बाद नागपुर में हिट एंड रन: तेज गति से नाबालिग चलावत रहे कार, भीड़ में जा घुसल, पांच लोगन के कचरलस

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2024

महाराष्ट्र में ‘हिट एंड रन’ के सिलसिला जारी ना। पुणे पोर्श कांड के लोग अबहीं भुलाइलो ना होई कि एगो आउर वइसने मामला सामने आ गइल। अब नागपुर में हाई स्पीड कार के वजह से

Share

महाराष्ट्र में ‘हिट एंड रन’ के सिलसिला जारी ना। पुणे पोर्श कांड के लोग अबहीं भुलाइलो ना होई कि एगो आउर वइसने मामला सामने आ गइल। अब नागपुर में हाई स्पीड कार के वजह से सड़क दुर्घटना ले मामला आइल बा। नंदनवन पुलिस स्टेशन अंतर्गत वेंकटेशनगर चौक में केडीके कॉलेज के लगे एगो नाबालिग कार चलावत रहे। अचानक करिया रंग के स्कोडा नियंत्रण से बाहर हो गइल। अनियंत्रित कार पहिले सड़क किनारे खाड़ भइल कुछ दूपहिया वाहनन के टक्कर मरलस आ फेर फल-सब्जी विक्रेता आ कुछ राहगीरन के भीड़ में घुस गइल। बुरा तरे क्षतिग्रस्त भइल कार आखिरकार सड़क किनारे एगो पेड़ से टकरइला के बाद रुकल।

सड़क पऽ मचल कोहराम

एकरा से सड़क पs कोहराम मच गइल। फल आ सब्जी विक्रेता सहित पांच लोग जख्मी हो गइले। दू आदमी के हालत गंभीर बनल बा। उहे कई वाहन बर्बाद हो गइले। खिसी भीड़ नाबालिक के कार से बाहर खींच के सड़क पs गिरा देलस। बेकाबू भीड़ बुरा तरे मरलस, जवना से उऽ मरे तक के कगार पs पहुंच गइल। किशोर ने अपना मदद खातिर लोगन से गोहार लगवलस। बाद में कुछ लोग आरोपी नाबालिग के भीड़ से बचवलस आ फेर ओकरा के पुलिस के हवाले कऽ देलस।

ई दिल दहला देवे वाली घटना शनिचर के दुपहरिया करीब एक बजे के हऽ। घायलन के पहचान महेंद्र अग्रवाल, वंदना अग्रवाल, सब्जी विक्रेता बसंती गोंड, गोलू साहू आ कार्तिक के रूप में भइल बा। एह घटना से इलाका में सनसनी फैल गइल बा।

हादसा में पांच लोग जख्मी

मिली जानकारी के मोताबिक वेंकटेशनगर में सड़क पs सब्जी मंडी लागेला। इहाँ बसंती, गोलू आ कार्तिक के दुकानें बा। शनिचर दुपहरिया करीब एक बजे अग्रवाल दंपती फल आ सब्जी किने खातिर रुकले। एही दौरान नाबालिग कार चालक पहिले बाइक के टक्कर मरलस आ तीनो जना के कुचल देलस। अग्रवाल दंपती समेत पांच लोग घायल हो गइले। एह घटना से सब्जी विक्रेता में हड़कंप मच गइल। एकरा बाद इलाका के नागरिक गुस्सा में दिखले। उऽ नाबालिग ड्राइवर के कार से बहरी निकाल के पिटाई शुरू कऽ देले।

एह लोगन के हिरासत में लिहल गइल 

बतावल जा रहल बा कि पुलिस नाबालिग आ कार मालिक मंगेश गोमाशे के हिरासत में ले लेलस। गोमाशे एगो राजनीतिक पार्टी से जुड़ल बाड़े। गराज में काम करे वाला नाबालिग के गोमाशे चाबियां देले रहले। दरअसल, नाबालिग से ओकर मालिक रास्ता में खड़ा कार के कहीं दूर खड़ा करे के कहले रहले। पुलिस नाबालिग के कार चलावे के मजबूर करे खातिर गराज के मालिक महेश गोनाडे के हिरासत में लेले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.