सपा विधायक के घरे पंखा से लटकल मिलल नाबालिग लइकी के शव

Share

 

हाल ही में भदोही में सपा विधायक जाहिद बैग के आवास में एगो कमरा में पंखा से लटकत 17 साल के बच्ची के शव मिलल बा। नाजिया नाम के एगो लईकी पछिला कई साल से विधायक के घरे रह के घरेलू काम करत रहली। भदोही कोतवाली इलाका के मोहल्ला मलिकाना के घटना। अब श्रम प्रवर्तन विभाग अवुरी पुलिस टीम विधायक जाहिद बैग के आवास से बाल श्रम के आरोप में एगो किशोरी बरामद कs लेले बिया।  बता दीं कि सपा विधायक जाहिद बेग भदोही विधानसभा सीट से विधायक बाड़े।

जांच खातिर टीम बनल 

पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके मरेवाला के परिवार के लोग के मौजूदगी में जरूरी कानूनी कार्रवाई कईलस। घटना स्थल के निरीक्षण कईल गईल। पुलिस मामला के छानबीन करत घटना के पीछे के कारण के पता लगावे के कोशिश करतिया। शुरुआती जांच में मामला के आत्महत्या से जोड़ल जाता।  पुलिस मामला के जांच खातीर टीम बनवले बिया।

भदोही विधानसभा सीट से समाजवादी पार्टी के विधायक जाहिद बेग के समस्या बढ़त लउकत बा. मंगल के देर सांझ के लाश मिलला के दूसरा दिन प्रशासन के टीम एगो नाबालिग लईकी के बरामद कs लेलस, बतावल जाता कि लईकी बहुत दिन से विधायक के आवास पs घर के काम करत रहे। ए मामला में लईकी के मेडिकल जांच अवुरी बाकी कानूनी कार्रवाई प्रशासन टीम के ओर से कईल जाता।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-