Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत के पलटवार के बाद हरकत में ब्रिटेन, भारतीय उच्चायोग के बाहर बढ़ावल गइल सुरक्षा

512

राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली इस्थित ब्रिटिश हाई कमीशन के बाहर बैरिकेड्स के हटावल गइला के बाद ब्रिटिश सरकार हरकत में आ गइल बिया। लंदन इस्थित भारतीय उच्चायोग के बाहर सुरक्षा के बढ़ा दिहल गइल बा

उल्लेख करे जोग बात बा कि अतवार के लंदन के भारतीय उच्चायोग पs खालिस्तानी समर्थक हिंसक प्रदर्शन कइले रहले सs। मानल जा रहल बा कि एकरे जवाब में बुध के दिल्ली में ब्रिटिश हाई कमीशन के बाहर बैरिकेड्स हटावल गइल।

 

एनडीटीवी के मोताबिक, लंदन में भारतीय उच्चायोग के बाहर पुलिसकर्मियन आ बैरिकेड्स के संख्या में इजाफा कइल गइल बा।। अतवार के लेखा आजो विरोध प्रदर्शन के संभावना, जवना के बाद सुरक्षा बढ़ावल गइल बा।। कइयन गो अतिरिक्त पुलिसकर्मियन के तैनात कइल गइल बा आ अतिरिक्त बैरिकेड्स लगावल गइल बा।

लंदन इस्थित भारतीय उच्चायोग में तिरंगा के खालिस्तानी कार्यकर्तन द्वारा नीचे उतारल गइला के कुछ दिन केबाद दिल्ली पुलिस ब्रिटिश हाई कमीशन के बाहर सुरक्षा बढ़वले रहे। अतिरिक्त बैरिकेड्सन के लगावल गइल रहे। पुलिस के एगो वरिष्ठ अधिकारी पीटीआई के बतवलें कि इहां ब्रिटिश उच्चायोग के बाहर सुरक्षा बेवस्था चाक-चौबंद बा। हालांकि, उच्चायोग के ओर जाये वाला मार्ग पs बैरिकेड्स हटा दिहल गइल बा, काहेकि ई आवे-जाये में परेसानी पैदा करत रहे।

 

खालिस्तान समर्थकन के विरोध प्रदर्शन के दौरान लंदन इस्थित भारतीय उच्चायोग पs फहरा रहल तिरंगा के नीचे उतारे के एगो वीडियो सामने अइला के घटना सोशल मीडिया पs प्रसारित होखला के बाद भारत अतवार के रात ब्रिटिश उप उच्चायुक्त के तलब कइले रहे आ उहां सुरक्षा बेवस्था बिल्कुल ना होखला पs स्पष्टीकरण मंगले रहे। दु दिन पहिले, चाणक्यपुरी में ब्रिटिश उच्चायोग के बाहर सिख समुदाय के कइयन लोग खालिस्तान समर्थकन द्वारा लंदन में भारतीय उच्चायोग में भारतीय ध्वज के निकाले के विरोध करे खातिर जमा भइल रहे लो।

शीर्ष ब्रिटिश अधिकारी लोग कहलस कि ब्रिटेन सरकार भारतीय उच्चायोग के सुरक्षा के गंभीरता सेली। ऊ लोग प्रदर्शनकारियन के एगो समूह द्वारा अलगाववादी खालिस्तानी झंडा लहरावत भारतीय उच्चायोग में तोड़फोड़ करे के घटना के अपमानजनक आ पूरा तरे से अस्वीकार्य करार देत एकर निंदो कइले रहे लो।

488870cookie-checkभारत के पलटवार के बाद हरकत में ब्रिटेन, भारतीय उच्चायोग के बाहर बढ़ावल गइल सुरक्षा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.