[the_ad_group id="30365"]

भारत के मिसाइल स्ट्राइक से कांपल पाकिस्तान, बोललस- ‘तनाव खतम करे खातीर तैयार बानी’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के जम्मू-कश्मीर के पहलगाम में निर्मम आतंकी हमला करेवाला पाकिस्तान अब भारत के संगे तनाव कम कईल चाहता। मंगल-बुध के बीच के रात में भारतीय सेना ऑपरेशन सिंदूर शुरू कईलस अवुरी पाकिस्तान के आतंकी शिविर पs मिसाइल हमला कईलस। एह हमला में पाकिस्तान आ पाकिस्तान के कब्जा वाला जम्मू-कश्मीर में स्थित 9 गो आतंकी शिविर के पूरा तरह से तबाह कs दिहल गइल बा। एह हमला से पाकिस्तान के झटका लागल बा आ अब ऊ भारत से तनाव कम करे के बात करत बा.

तनाव खतम करे खातिर तैयार – ख्वाजा आसिफ

पाकिस्तान के रक्षा मंत्री ख्वाजा आसिफ कहले बाड़न कि उनुकर देश भारत से तनाव खतम करे खातिर तइयार बा. ख्वाजा आसिफ बुध के दिने कहलन कि अगर भारत नरम रुख अपनावे तs पाकिस्तान तनाव खतम करे खातिर तइयार बा. पाकिस्तान आ पाकिस्तान के कब्जा वाला जम्मू-कश्मीर में आतंकी अड्डा पs भारत के मिसाइल हमला के कुछ घंटा बाद ख्वाजा आसिफ ई बयान दिहले बाड़न.

ख्वाजा आसिफ अउरी का कहले?

ब्लूमबर्ग टेलीविजन के मुताबिक पाकिस्तान के रक्षा मंत्री ख्वाजा आसिफ कहले बाड़े कि पाकिस्तान प हमला तबे जवाब दिही। आसिफ कहले कि, हमनी के पछिला पखवाड़ा से लगातार कहतानी कि हमनी के भारत के खिलाफ कबहूँ कवनो शत्रुतापूर्ण कार्रवाई ना शुरू करब, बाकिर जदी हमनी पs हमला होई तs हमनी के जवाबी कार्रवाई करब, जदी भारत नरम रुख अपनाई तs हमनी के एs तनाव के जरूर खतम कs देब।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]