दूध आ हल्दी लगा के खोवल चमक चेहरा पर वापस आ जाला, इहाँ जान लीं कि कइसे लगाए के चाहि

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 21, 2023

प्राकृतिक उपाय : स्थायी चमक पावे खातिर प्राकृतिक उपाय के सहारा लेवे के पड़ेला। घरेलू उपाय हमेशा कारगर होला। त आईं आज जानल जाव दूध, हल्दी आ शहद लगावे के फायदा के बारे में।

Share

दूध आ हल्दी लगा के खोवल चमक चेहरा पर वापस आ जाला, इहाँ जान लीं कि कइसे लगाए के चाहि

प्राकृतिक उपाय : स्थायी चमक पावे खातिर प्राकृतिक उपाय के सहारा लेवे के पड़ेला। घरेलू उपाय हमेशा कारगर होला। त आईं आज जानल जाव दूध, हल्दी आ शहद लगावे के फायदा के बारे में।

दूध अउरी हल्दी के फायदा : आज सभके चमकदार त्वचा चाही। एकरा खातिर सभे कॉस्मेटिक उत्पाद के इस्तेमाल करेला। इ महंगा उत्पाद आपके त्वचा पे तुरंत चमक ले आवेला। बाकिर ई चमक रउरा चेहरा पर ढेर दिन ले ना चली| स्थायी चमक पावे खातिर प्राकृतिक उपाय के सहारा लेवे के पड़ेला। घरेलू उपाय हमेशा कारगर होखेला। त आईं आज जानल जाव दूध, हल्दी आ शहद लगावे के फायदा के बारे में।

 

 दूध आ हल्दी के फायदा 

अपना त्वचा के बेहतर बनावे खातिर 3 चम्मच दूध में 2 चुटकी हल्दी अउरी 1/2 चम्मच शहद मिला के चेहरा पे लगाई। एह मास्क के 5 मिनट तक लगैले छोड़ दीं। ओकरा बाद साफ पानी से चेहरा धो लीं। कुछ समय बाद आपके लागी कि आपके चेहरा पहिले से मुलायम अउरी ताजा देखाई देता।

दूसर ओर हल्दी अउरी चना के आटा के दूध में मिला के लगावे से चेहरा से पिंपल्स, मुँहासा अउरी धब्बा गायब हो जाला। बस इ तीनों चीज़ के एक संगे मिला के 5 मिनट तक चेहरा पे लगावे के होई। एकरा बाद साफ पानी से धो लीं। एहसे चेहरा के रूखापन दूर हो जाई अउरी चेहरा में सुधार होई।

मुलतानी मिट्टी में दूध मिला के भी लगा सकेनी। एहसे आपके चेहरा मुलायम अउरी चमकदार हो जाई। एकरा से चेहरा के चमड़ा भी कम हो जाई। एकरा संगे-संगे ए फेस पैक के लगावे के बाद एकरा के निकाले खातीर गुनगुना पानी के इस्तेमाल करे के चाही।

 

दूध, हल्दी अ चंदन के मिश्रण भी आपके त्वचा के बेहतर बनावे के काम करेला। एहसे रंग में सुधार होई अउरी चेहरा पे सोना के जैसन चमक भी होई।

 

अस्वीकरण: ई खाली सलाह समेत सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे| अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ आ अपना डॉक्टर से सलाह लीं| खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत|

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.