[the_ad_group id="30365"]

44 साल बाद साथे लउकल लो चिराग पासवान के दुनों मां, एक साथे बेटा के दिहल लोग आशीर्वाद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के जमुई के सांसद आ लोजपा(रा) प्रमुख चिराग पासवान अपना मां रीना पासवान के संगे अपना पैतृक गांव शाहरबन्नी गइल रहस। एही दौरान चिराग पासवान अपना बड़ मां माने राम विलास पासवान के पहिलका पत्नी राजकुमारी देवी से मुलाकात कइलें। पूरा 44 साल बाद रीना आ राजकुमारी देवी के मुलाकात भइल। दुनो मां एक साथे चिराग पासवान के आशीर्वाद दिहल लो।

ठीक एकरा पहिले चिराग पासवान अपना मां रीना पासवान के लेके अपना दादा दादी के स्मारक पs पहुंचलें जहां ऊ दुनो लोग अपना पूर्वजन के श्रद्धांजलि दिहल लोग। एकरा बाद लगे के उच्च विद्यालय पहुंचल लोग जहां से रामविलास पासवान आपन पढ़ाई कइले रहस। चिराग पासवान बतवलें कि एह विद्यालय में पढ़े खातिर हमार मेरे पिता नदी तैर के आवत रहलें। बाद में एह विद्यालय के नवीनीकरण खातिर रामविलास पासवान बहुत कुछ कइलें। जवना में कंप्यूटर लैब के बेबस्था करवले आ लाइब्रेरी बनववले।

रामविलास पासवान के दुनो पत्नी 44 साल बाद एक दूसरा से मिलल बाकिर कुछे देर के मुलाकात उहां उपस्थित सभे लोग के आनंदित कs दिहल। चिराग पासवान अपना दुनो मां के गोड़ छुवलें आ ओह लोग के आसिरबाद लेके ओह लोगन के गले लववलें। ओहिजा रीना पासवान राजकुमारी देवी के गले लगाके सम्मान देलीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]