[the_ad_group id="30365"]

बम धमाकन से फेर दहलल अफगानिस्तान, 16 लोग के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अफगानिस्तान एक बेर फेर बम धमाकन से दहल उठल। बुध के देर सांझ अफगानिस्तान में एगो के बाद एगो चार बम धमाका भइल। जेमे 16 लोग के मौत हो गइल।

धमाकन में 22 से जादे लोग घायल बा। मजार ए शरीफ में भइल धमाकन के जिम्मेदारी आतंकी संगठन आईएस के एगो स्थानीय संगठन लेलस, जबकि काबुल में भइल धमाका के जिम्मेदारी कवनो आतंकी संगठन नइखे लेले।

पहिला धमाका काबुल के हजरत जकारिया मस्जिद में भइल, जेमे 7 लोगन के मौत हो गइल। ओने उत्तरी अफगानिस्तान के बाल्ख प्रांत के मजार ए शरीफ शहर में तीन गो मिनी वैन में भइल धमाका में 9 लोग मारल गइल। तालिबान के पुलिस प्रवक्ता खालिद जदरान कहले कि जकारिया मस्जिद में भइल धमाकन के जिम्मेदारी कवनो आतंकी संगठन नइखे लेले। पुलिस ममिला के जांच कs रहल बिया। सब घायलन के काबुल के इमरजेंसी अस्पताल में भरती करावल गइल बा। आईएस एह धमाकन के जिम्मेदारी लेलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]