पटना वीमेंस कॉलेज में आज से तीसरा सेमेस्टर के एडमिशन सुरू : 30 जून तक ऑनलाइन जमा होई फी 

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 24, 2024

पटना वीमेंस कॉलेज में तीसरका सेमेस्टर खातिर प्रवेश आज से सुरू हो गइल बा। फी जमा करे के अंतिम तारीख 30 जून बा। हर डिपार्टमेंट के हिसाब से अलग-अलग फी स्ट्रक्चर बा। जवना सब्जेक्ट में

Share

पटना वीमेंस कॉलेज में तीसरका सेमेस्टर खातिर प्रवेश आज से सुरू हो गइल बा। फी जमा करे के अंतिम तारीख 30 जून बा। हर डिपार्टमेंट के हिसाब से अलग-अलग फी स्ट्रक्चर बा। जवना सब्जेक्ट में प्रैक्टिकल क्लास होई, ओमे एक्स्ट्रा 600 रुपिया लागी। लेट फाइन के संगे एक से तीन जुलाई ले फीस जमा कइल जा सकत बा। एकरा खातिर 500 रुपिया विलंब शुल्क देवे के होई।

डिपार्टमेंट के हिसाब से अलग-अलग फी स्ट्रक्चर

तीसरा सेमेस्टर में प्रवेश खातिर बीए में 18,630 रुपिया, बीएससी में 25,460 रुपिया, बीकॉम (एकाउंटिंग एंड फाइनेंस) में 42,770 रुपिया, बीकॉम (कॉमर्स प्रोफेशनल) में 44,290 रुपिया, एएमएम में 32,210 रुपिया, सीईएमएस में 32,210 रुपिया, बीबीए में 44,100 रुपिया, बीएमसी में 44,100 रुपिया, बीसीए में 38,620 रुपिया लागी।

ओहिजा, एमबायो में 41,530, एमसीए में 47,480, एमए (ज्योग्राफी, साइकोलॉजी, इंग्लिश, सोशल वर्क, पॉलिटिकल साइंस) में 18,350, एमए (होम साइंस) में 6,510, एमएससी में (फिजिक्स, जूलॉजी) 21,500, एमएससी में (बायोटेक्नोलॉजी) 35,540 आ बीएड में 52,198 रुपिया लागी।

खाली डिजिटल मोड में होई कॉलेज फी के भुगतान

तीसरा सेमेस्टर खातिर शुल्क के भुगतान डिजिटल मोड में खाली कॉलेज के वेबसाइट www.patnawomenscollege.in के माध्यम से कइल जाई। कवनो आउर पेमेंट मोड उपलब्ध नइखे। तीसरा सेमेस्टर के एडमिशन शुल्क के भुगतान के बाद, छात्रा लोगन के रसीद डाउनलोड करे के होई। जदि कवनो समस्या आवत बा तs तुरंत एग्जामिनेशन सेल से संपर्क कइल जा सकत बा। एडमिशन फी के भुगतान के अंतिम तिथि के बाद कॉलेज कवनो शिकायत पs विचार ना करी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.