[the_ad_group id="30365"]

Aditya L1 Mission Update: अब सूरज के ओर कदम बढ़ाइ भारत, ISRO आजु लॉन्च करी आदित्य-L1

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आदित्य एल 1 मिशन अपडेट : चंद्रयान-3 मिशन के सफलता के बाद अब भारत सूरज की ओर बढ़ी। भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) आजु आपन पहिला सौर मिशन शुरू कर रहल बा। आदित्य एल-1 आजु सबेरे 11:50 बजे श्रीहरिकोटा के लॉन्चिंग पैड से अंतरिक्ष में उड़ान भरी। काल्हु से एकर उलटी गिनती चालू बा। इ मिशन इसरो के सबसे भरोसेमंद पीएसएलवी रॉकेट के माध्यम से शुरू होई।आदित्य एल-1 मिशन के प्रक्षेपण से पहिले इसरो के चीफ एस सोमनाथ के संगे वैज्ञानिक के पूरा टीम तिरुपति पहुंचल रहे। इसरो के वैज्ञानिक तिरुपति बालाजी मंदिर में मिशन के सफलता खातिर प्रार्थना कईले।

श्रीहरिकोटा में मौसम अनुकूल

आदित्य एल 1 मिशन के शुरुआत खातिर मौसम अनुकूल बा। श्रीहरिकोटा के आसमान साफ ​​बा अवुरी तापमान 34.1 डिग्री बा जवन कि सामान्य बा। हवा के गति 0.3 मीटर प्रति सेकंड बा जवन कि बिल्कुल सामान्य बा।

 

आदित्य एल-1: लॉन्चिंग से पहिले के तस्वीर

इसरो के सौर मिशन आदित्य एल-1 के प्रक्षेपण से पहिले श्रीहरिकोटा में सतीश धवन स्पेस सेंटर के दृश्य।

लॉन्चिंग सबेरे 11:50 बजे होई

आजु सबेरे 11.50 बजे श्रीहरिकोटा से देश के पहिला सौर मिशन आदित्य एल-1 के प्रक्षेपण कइल जाई। एकरा लॉन्च के उलटी गिनती बियफे से चलत बा। ई मिशन इसरो के सबसे भरोसेमंद पीएसएलवी रॉकेट के माध्यम से शुरू कईल जाई। आदित्य एल-1 के सूर्य के अध्ययन करे खातिर पृथ्वी से 15 लाख किलोमीटर दूर लैंग्रेंजियन-1 प्वॉइंट तक पहुंचे में करीब चार महीना के समय लागी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]