[the_ad_group id="30365"]

आदिपुरुष : परशुराम जयंती के विशेष दिने रिलीज भइल ‘आदिपुरुष’ के मोशन पोस्टर, सिनेमा एह दिने आई सिनेमाघरन में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आदिपुरुष के मोशन पोस्टर आजु जारी हो गइल बा। एकरा के साझा करत लिखल गइल बा – ‘जब चारो धाम ना जा पाईब त बस प्रभु के नाम ले लीं, जय श्री राम’।

परशुराम जयंती, ईद आ अक्षय तृतीया के खास मौका पे ‘आदिपुरुष’ के टीम एह फिलिम के मोशन पोस्टर जारी कइले बिया। बता दीं कि ई मोशन पोस्टर हिंदी, तेलुगु, तमिल, मलयालम आ कन्नड़ जइसन पाँच गो भाषा में बा। एह वीडियो के शेयर करत कैप्शन में लिखल बा जब चारो धाम ना जा पाईब त बस प्रभु के नाम ले लीं, जय श्री राम’।

प्रशंसकन के एह मोशन पोस्टर के बहुते शौक बा। साथही एह फिलिम के इंतजार बा। एह मोशन पोस्टर में भगवान राम के अवतार में प्रभास देखाई देतारे। विडियो के संगीत अजय-अतुल कइले बानी एह वीडियो के बोल मनोज मुंताशीर के बा। एकरा से पहिले हनुमान जयंती के दिन एगो पोस्टर जारी भईल रहे। एह पोस्टर में अभिनेता देवदत्त नागे के हनुमान जयंती के रूप में देखल गइलन। एह पोस्टर के शेयर करत निर्देशक ओम राउत प्रशंसकन के हनुमान जयंती पे बधाई दिहलन।

16 जून के रिलीज होई फिलिम

आदिपुरुष 16 जून के रिलीज होई। आदिपुरुष हिंदी, तेलुगु, तमिल, कन्नड़ आ मलयालम भाषा में रिलीज होई। एह फिलिम में प्रभास के साथे कृति सैनन आ सैफ अली खान मुख्य भूमिका में नजर अइहें।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]