[the_ad_group id="30365"]

Actor’s suicide: कैंसर पीड़ित एक्टर फिल्म आ सीरियल में काम कs चूकल बाड़े ; काल्ह मुंबई से काशी आइल रहले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी जिला में एगो एक्टर अपना कमरा में फांसी लगा के आत्महत्या कs लिहले। ऊ काल्ह ही मुंबई से बनारस पहुंचल रहले। रात के खाना खइला के बाद ऊ सुते कह के कमरा में चल गइले। सबेरे उनकर लाश फंदा से लटकल मिलल।

वाराणसी जिला के लक्सा थाना के मिसिर पोखरा में फांसी लगा के एगो एक्टर आत्महत्या कs लिहले। युवक के पहचान जय सिंह के बेटा नितिन सिंह (39) के रूप में भइल बा। रात के साढ़े दस बजे मुंबई से घर पहुंचले। रात के खाना खइला के बाद ऊ अपना पत्नी के बतवले कि उनका तबियत ठीक नइखे लागत आ ऊ सूते जात बाड़े।

देर रात फांसी लगा के आत्महत्या कs लिहले। सबेरे जब बड़ भाई कमरा के दरवाजा खोलले तs भीतर के नजारा देख के उनका पैर से जमीन खिसक गइल। घर के दोसर लोग जब उनकर चीख सुन के कमरा में पहुँचल तs नितिन फंदा से लटकल रहले। ए घटना से परिवार में कोहराम मच गइल।

नितिन के बड़ भाई राहुल सिंह पुलिस के घटना के जानकारी देले। सूचना मिलते पुलिस मौका पs पहुंचल आ लाश निकालवा देलस। नितिन के निधन के बाद पिता जय सिंह, माता सुमन सिंह, बड़ भाई राहुल सिंह आ पत्नी श्वेता सिंह बुरी तरह से रोवत बाड़े। मरेवाला के तीन बेटा बा। छोटका बेटा ढाई साल के बा।

बड़ भाई बतवले कि नितिन मुंबई के फिल्म इंडस्ट्री से जुड़ल बाड़े। ऊ धारावाहिक देवो के देव महादेव में अभिनय कइले रहले। एकरा अलावे ऊ कई गो धारावाहिक में किरदार निभवले रहले। दू साल पहिले नितिन के ब्लड कैंसर के पता चलल रहे जवना के इलाज चलत रहे। बीमारी के चलते तनाव में रहे। आशंका बा कि शायद उहे अवसाद के चलते आत्महत्या के कदम उठवले होईहे। लक्सा पुलिस बॉडी के पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]