[the_ad_group id="30365"]

साउथ के एs मशहूर एक्टर के बेटी के भइल निधन, गंभीर बीमारी के चलते हैदराबाद मे लिहली आखिरी सांस

साउथ के एs मशहूर एक्टर के बेटी के निधन : फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दक्षिण फिल्म इंडस्ट्री के दिग्गज अभिनेता राजेन्द्र प्रसाद के बेटी गायत्री के निधन सभका खातिर बहुते बड़हन झटका लागल बा. दिग्गज अभिनेता राजेंद्र प्रसाद के आजु बेटी गायत्री के मौत हो गइल. गायत्री के सीना में दर्द के शिकायत रहे अवुरी ओकरा के काल्ह देर रात हैदराबाद के एगो कॉरपोरेट अस्पताल में भर्ती करावल गईल। डॉक्टर के प्रयास के बावजूद इलाज के दौरान उनुकर मउत हो गईल। अभिनेता के घर में शोक के माहौल बा। अभिनेता नानी, जूनियर एनटीआर आ अउरी सुपरस्टार सोशल मीडिया पs भावुक श्रद्धांजलि पोस्ट कइले बाड़न.

मशहूर अभिनेता के बेटी के मउत 

दिग्गज तेलुगु अभिनेता राजेंद्र प्रसाद के बेटी गायत्री के दिल के दौरा पड़ले से शनिचर 5 अक्टूबर के मउत हो गइल. उनुकर उमिर 38 साल रहे। आजु उनकर अंतिम संस्कार कइल जाई. हैदराबाद के एआईजी अस्पताल में उनुकर इलाज चलत रहे। गायत्री के असामयिक निधन पs नानी आ जूनियर एनटीआर जइसन हस्ती समेत तेलुगु फिल्म इंडस्ट्री शोक जतवले बिया. गायत्री के असामयिक मउत पs शोक जतावे खातिर स्टार अपना आधिकारिक एक्स अकाउंट पs उतरले.

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]